Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा में लूट के दौरान भइल रहे कृष्णा के हत्या: रेल पुलिस ममिला के कइलस खुलासा, लूट के दौरान हल्ला मचावे पs चाकू से वार 

पूरा ममिला में गिरफ्तार अपराधियन द्वारा घटना के स्वीकार कइल गइल बा आ ओकनी के निशानदेही पs खून से सनल कपड़ा आ चाकू के बरामद कs लिहल गइल बा।

192

छपरा: छपरा के छपरा कचहरी स्टेशन पs 27 जून के जुवक के चाकू गोदके हत्या कइल गइला के ममिला में पुलिस उद्भेदन कs लेले बिया। जेमे 3 लोगन के गिरफ्तारियो कs लिहल गइल बा। तीनो आरोपी छपरा शहर के रहे वाला बतावल जा रहल बाड़े सs। जेकनी के जीआरपी आ स्थानीय थाना के सहजोग से गिरफ्तार कs लिहल गइल बा।

गिरफ्तार जुवकन के पहचान मुकेश कुमार (30 बरिस), जिला छपरा राजन कुमार (20 बरिस), कुलदीप नगर, थाना मुफ्फसिल जिला छपरा प्रकाश कुमार (19 बरिस), जिला छपरा के रूप में भइल बा। अपराधी लूट के चक्कर मे चाकू मरले रहलें स s। जवना के बाद जुवक के छपरा कचहरी स्टेशन के प्लेटफार्म नंबर एक पs मौत हो गइल रहे। घटना के जानकारी रेल एसपी प्रेसवार्ता करत देलें।

घटना के बाद शक के आधार पर पुलिस द्वारा लिव इन रिलेशन में रहे वाला मृतक के प्रेमिका आ ओकर आउर साथियन के हिरासत में लेके चार दिनन तक पूछताछ कइल गइल। ममिला के खुलासा ना हो सकल। जवना के बाद रेल डीएसपी शहरयार खान के नेतृत्व में टीम बनाके ममिला के टेक्निकल रूप से जांच कइल गइल। घटना के तेरह दिन बाद सोमार के ममिला के खुलासा भइल।

समूचा प्रकरण के बारे में जानकारी देत रेल एसपी बतवलें कि मृतक अपना महिला दोस्त के आवास से निकलके छपरा कचहरी स्टेशन के तरफ जात रहे। तबे पहिले से बइठल अपराधियन द्वारा लूट के प्रयास से जुवक के रोकत बैग आ पर्स छिने के कोसिस कइल गइल। एही बीच जुवक द्वारा हल्ला मचावल जाये लागल। पकड़ल गइला के डर से अपराधी चाकू से हमला कs देले सs। जवना के बाद जुवक घायल अवस्था मे भागत छपरा कचहरी स्टेशन के प्लेटफार्म पs जा गिरल। जुवक के पहचान खैरा थाना क्षेत्र के धुपनगर घोबावल निवासी कृष्णा कुमार के रूप में भइल रहे।

पूरा ममिला में गिरफ्तार अपराधियन द्वारा घटना के स्वीकार कइल गइल बा आ ओकनी के निशानदेही पs खून से सनल कपड़ा आ चाकू के बरामद कs लिहल गइल बा।

593460cookie-checkछपरा में लूट के दौरान भइल रहे कृष्णा के हत्या: रेल पुलिस ममिला के कइलस खुलासा, लूट के दौरान हल्ला मचावे पs चाकू से वार 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.