‘BHARATPOL’: अमित शाह आज लॉन्च करिहें भारतपोल पोर्टल; जांच एजेंसियन के बीच बेहतर समन्वय बनावे में मिली मदद

Anurag Ranjan


केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह देस के अलग-अलग जांच एजेंसियन के बीच बेहतर समन्वय बनावे खातिर सीबीआई के ओर से विकसित भारतपोल पोर्टल के मंगर के लॉन्च करिहें। भारतपोल पोर्टल देस के जांच एजेंसियन के रियल टाइम सूचना साझा करे में सक्षम बनाई।

केंद्र, राज्य आ केंद्र शासित प्रदेशन के स्तर पs ई समन्वय इंटरपोल लाइजनिंग ऑफिसर (आईएलओ) के माध्यम से कइल जाला, जवन अपना-अपना संगठनन में पुलिस अधीक्षकन, पुलिस आयुक्तन आ शाखा प्रमुखन के स्तर पs यूनिट ऑफिसर से जुड़ल होला। मवजूदा समय में सीबीआई, आईएलओ आ यूओ के बीच संचार के साधन पत्र, ईमेल आ फैक्स बा। भारतपोल पोर्टल बनला से एजेंसियन के बीच समन्वय बेहतर होखला के संगही अपराधियन के पकड़े में मदद मिली।

नया अत्याधुनिक ऑनलाइन मंच राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेशन के पुलिस बलन आ केंद्रीय एजेंसियन के बिदेस में छिपल भगोड़ा व्यक्तियन भा आउर ममिलन के बारे में इंटरपोल से सूचना मांगे खातिर अपना अनुरोध भेजे के सुविधा दी। केंद्रीय अन्वेषण ब्यूरो (सीबीआई) भारत के राष्ट्रीय केंद्रीय ब्यूरो हs, जवन इंटरपोल से संबंधित ममिलन खातिर जिम्मेदार बा।

इंटरपोल के माध्यम से, सीबीआई भारत में अपराध भा अपराधियन के जांच में सहायता खातिर इंटरपोल के आउर सदस्य देसन के समान एजेंसिय से आवश्यक जानकारी मांग सकत बिया आ आउर देसन के सहायता खातिर आपराधिक डेटा आ खुफिया जानकारी साझा कइल जा सकत बा।

गुरुद्वारा श्री रकाबगंज साहिब में मत्था टेकलें

गृह मंत्री अमित शाह कहलें कि गुरु गोबिंद सिंह जी के जीवन त्याग, शौर्य आ सेवा के अनुपम उदाहरण बा। ऊ अधर्म आ अत्याचार के खिलाफ अडिग होके संघर्ष कइलें। प्रकाश पर्व के सुभ अवसर पs शाह नई दिल्ली इस्थित गुरुद्वारा श्री रकाबगंज साहिब में मत्था टेकके सत्संग के आशीष प्राप्त कइलें।

Read Also: Delhi Election 2025 Date: दिल्ली चुनाव के तारीखन के आज एलान, चुनाव आयोग दु बजे करी प्रेस कॉन्फ्रेंस

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment