[the_ad_group id="30365"]

Bihar: पूर्वी चंपारण से पीएफआइ के सक्रिय सदस्य इरशाद गिरफ्तार, जुवक के आवास से मिलल आपत्तिजनक दस्तावेज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्वी चंपारण जिला में सक्रिय पटना के फुलवारीशरीफ ममिला में सामिल पीएफआइ के खिलाफ एनआइए के ओर से कार्रवाई चल रहल बा। एही के तहत सुक के विशेष टीम मेहसी के हरपुर बाजार से एगो पीएफआइ सदस्य के गिरफ्तार कइलस।

पीएफआइ संगठन के सक्रिय सदस्य हरपुरनाग निवासी इरशाद आलम के गिरफ्तार कs लिहल गइल। टीम ओकरा निशानदेही पs ओकरा घर से कइयन गो आपत्तिजनक दस्तावेजन के जब्त कइलस।

पुलिस अधीक्षक कांतेश कुमार मिश्र बतवलें कि एनआइए के टीम के संगे कइल गइल संयुक्त कार्रवाई में इरशाद के गिरफ्तारी कइल गइल बा। आगे के प्रक्रिया एनआइए के टीम कर रहल बिया। गिरफ्तार आरोपी के निशानदेही पs आगे के जांच कइल जा रहल बा।

बता दीं कि एकरा पहिले फरवरी के पहिला हफ्ता में एनआइए आ स्थानीय पुलिस पीएफआइ के गैरकानूनी आ हिंसक गतिविधियन से जुड़ल तीन लोगन के गिरफ्तार कइले रहे। ओमे मेहसी के बहादुरपुर निवासी मो. अब्दुल्ला के पुत्र मो. तनवीर रजा उर्फ बरकती आ मो. रुस्तम के पुत्र मोहम्मद आबिद उर्फ आर्यन आ चकिया हरपुर किसुन निवासी मो. शाहिद के पुत्र इरशाद उर्फ बेलाल सामिल बा।

बीतल साल जुलाई में पटना के फुलवारीशरीफ में पुलिस पीएफआइ के देस-विरोधी साजिश के भंडाफोड़ कइले रहे। उहां से आपत्तिजनक दस्तावेज बरामद कइल रहे। एही बीच सुक के भइल कार्रवाई के बाद एक बार फेर जिला में अटकलन के बाजार गरम हो गइल बा।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]