Breaking news: महाराष्ट्र के पुणे में हेलीकॉप्टर क्रैश होले से बड़ हादसा, 3 लो के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 2, 2024

  महाराष्ट्र के पुणे जिला में एगो हेलीकाप्टर दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बा. जानकारी के मुताबिक हेलीकाप्टर पुणे के बावधान इलाका में दुर्घटनाग्रस्त हो गईल। एह हादसा में तीन लोग घवाहिल होखे के खबर बा. महाराष्ट्र

Share

पुणे में हेलीकॉप्टर क्रैश : फोटो फोटो

 

महाराष्ट्र के पुणे जिला में एगो हेलीकाप्टर दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बा. जानकारी के मुताबिक हेलीकाप्टर पुणे के बावधान इलाका में दुर्घटनाग्रस्त हो गईल। एह हादसा में तीन लोग घवाहिल होखे के खबर बा.

महाराष्ट्र के पुणे में बुध के सबेरे हेलीकाप्टर दुर्घटना हो गईल। एहमें हेलीकाप्टर में सवार तीन लोग के मउत हो गइल बा. ई हादसा पुणे के बावधान बुद्रुक गाँव में भइल बा. सूचना मिलते पुलिस, फायर ब्रिगेड अवुरी आपदा राहत टीम मौका पs पहुंच गईल। बतावल जाता कि घटना सबेरे सात बजे भईल। एह दुर्घटना के प्राथमिक कारण कोहरा बतावल जात बा. हालांकि मामला के जांच के आदेश दिहल गईल बा। घटना के असली कारण जांच के बाद ही खुलासा होई।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.