[the_ad_group id="30365"]

मुंबई: चॉकलेट देवे के बहाना से 4 साल के लइकी के स्कूल में रेप, वॉशरूम में ले जाके वॉचमैन कइलस घिनौना काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई : महाराष्ट्र के मुंबई से एगो चौंकावे वाला घटना सोझा आईल बा। इहाँ स्कूल में एगो 4 साल के लईकी के संगे दुष्कर्म भईल। घटना के अंजाम देवे वाला चौकीदार निकलल। पुलिस आरोपी के गिरफ्तार कs लेले बिया अवुरी ओकरा खिलाफ मामिला दर्ज करावल गईल बा।

पूरा बात का बा?

समता नगर पुलिस कांदिवली पूर्व के अशोक नगर में 4 साल के स्कूली छात्रा के संगे दुष्कर्म के आरोप में स्कूल चौकीदार के गिरफ्तार कs लेले बिया। आईपीसी के धारा 376 अवुरी पोक्सो एक्ट के तहत मामिला दर्ज भईल बा। आरोपी चौकीदार लईकी के चॉकलेट देवे के बहाने वाशरूम ले गईल रहे। ई जानकारी मुंबई पुलिस दिहले बिया।

घटना के खुलासा कईसे भईल?

असल में लईकी रोज निहन स्कूल गईल रहे। लेकिन जब उs घरे लवटली तs उनुका प्राइवेट एरिया में दरद होखे लागल। महतारी मामिला के सूचना समता नगर थाना के देली, जेकरा बाद पुलिस आरोपी के गिरफ्तार कs लेलस। मिलल जानकारी के मुताबिक लईकी के निजी क्षेत्र में संक्रमण हो गईल बा अवुरी ओकरा संगे चोट भी लागल बा। लईकी आरोपी के पहचान लेलस, जवना के बाद आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गईल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]