[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के शास्त्री नगर में चार मंजिला बिल्डिंग में लागल भीषण आग, दु गो लइकन समेत 4 लोगन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बियफ़ें के सबेरे दिल्ली के शाहदरा के शास्त्री नगर इलाका में स्थित एगो आवासीय भवन में भीषण आग लाग गईल। दुर्घटना में 4 लोग के मउत हो चुकल बा। आग लगला के जानकारी मिलते फायर ब्रिगेड अवुरी पुलिस के टीम मउका पs पहुंच गईल। आग लगला के चलते पार्किंग में खड़ा चार गाड़ी जर गईल। पुलिस कवनो तरह से आग पs काबू पा लिहल गइल।

आग पार्किंग से लेके पूरा बिल्डिंग में फैल गईल

शास्त्री नगर क्षेत्र के गली नम्बर-13 के घर नम्बर 65 में आग लाग गइल। ई चार मंजिला आवासीय भवन हs। एकरा साथे ग्राउंड फ्लोर आ पार्किंग भी बा। पार्किंग से सुरू भईल आग पूरा बिल्डिंग में फैल गईल, जवना से इमारत धुआं से भर गईल। गली बहुत संकरी होखला के चलते फायर टेंडर के मउका पs पहुंचे में बहुत दिक्कत के सामना करे के पड़ल।

मरेवाला लोग में 3 साल के लईका अवुरी 6 महीना के लईका भी शामिल बा

अधिकारी बतवले कि, गली संकरी होखला के बावजूद दमकल के अधिकारी मउका पs पहुंच के आग पs काबू पावे में कामयाब हो गईले। हर मंजिल के तलाशी लिहल गईल। उहाँ से तीन आदमी, चार महिला अवुरी दु लईका के निकाल के हेडगेवार अस्पताल भेजल गईल। लेकिन एs दुर्घटना में चार लोग के मउत हो गईल।मरेवाला में 30 साल के मनोज, 28 साल के महिला सुमन, 3 साल के बच्ची अवुरी 6 महीना के लईका शामिल बाड़े।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]