Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में विकास के अधूरा खुशी: विकल्प देले बिना, बंद कs दिहल गइल मुख्य राह, धूरा में गिरत-पड़त सफर कs रहल बा लोग

सेतु निगम के अधिकारियन के कहनाम बा कि मानीराम से बालापार खातिर एगो वैकल्पिक रास्ता बा, जवना के इस्तेमाल क्षेत्र के लोग कs सकत बा। बाकिर, पड़ताल में ई बात सामने आइल कि एहु मार्ग से सफर आसान नइखे।

768

भविष्य में सुनहरा सफर के आस पलले महुआतार-टिकरिया मार्ग के अगरी-कगरी के क्षेत्रन के बड़ आबादी के वर्तमान सफर कठिन हो गइल बा। महुआतार ओवरब्रिज के निर्माण के वजह से घर से निकलके मुख्य मार्ग तक पहुंचल जोखिम भरल बा, तs तमाम लोगन के रोजगारो चौपट हो गइल बा।

केहू बिजली के बिल नइखे जमा कs पा रहल, तs केहू लईकन के फीस। जहां कभी पूरा दिन तक रौनक रहत रहे, उहां के दुकानन पs एक्के-दुक्का ग्राहक डेग रख रहल बा। कुछ तs किराया तक नइखे जुटा पा रहल लो।

दिसंबर 2021 में महुआतार-बालापार- टिकरिया मार्ग पs महुआतार रेलवे क्रासिंग के लगे 84.57 करोड़ के लागत से ओवरब्रिज के निर्माण सुरू भइल। दिसंबर 2023 में एकरा के पूरा करे के लक्ष्य बा। सेतु निगम के दावन के मानल जाव तs 75 फीसदी काम पूरा हो गइल बा।

अब मुख्य काम रेलवे क्रासिंग के ऊपर करीब 35 से 40 मीटर तक पुल बनावे के बा। रेलवे प्रशासन के ई तय करे बा कि ऊ खुद ई निर्माण कार्य कराई भा सेतु निगम से एहु काम के पूरा कराई।

रेलवे क्रॉसिंग के ओह पार बालापार के तरफ ओवरब्रिज के निर्माण तकरीबन पूरा हो गइल बा। – फोटो साभार : अमर उजाला।

 

बहरहाल, क्षेत्र के जनता के जादे दिक्कत, कार्यदायी संस्था के ओर से महुआतार रेलवे क्रासिंग से लेके महेसरा-मानीराम मार्ग तक मुख्य सड़क पs आवागमन पूरा तरे से बंद कs देला से बा। कार्यदायी संस्था सेतु निगम के तरफ से एह मार्ग के बंद होखला बाद वैकल्पिक मार्ग के बेवस्था ना कइल गइल।

महुआतार रेलवे क्रासिंग के लगे से एगो कच्चा रास्ता बा, जवन महेसरा ओवरब्रिज के लगे जाके मिलेला। एही के हर केहू इस्तेमाल कर रहल बा। बाकिर, एह सड़क पs एतना बड़-बड़ गड़हा बा कि कार से चलल मुश्किल बा। कवनो तरह से दु पहिया आ ऑटो रिक्शा वाला लोग एहपर चल पा रहल बा लो। बारिश में तs इहो रास्ता पूरा तरे से बंद हो जाई।

सेतु निगम के अधिकारियन के कहनाम बा कि मानीराम से बालापार खातिर एगो वैकल्पिक रास्ता बा, जवना के इस्तेमाल क्षेत्र के लोग कs सकत बा। बाकिर, पड़ताल में ई बात सामने आइल कि एहु मार्ग से सफर आसान नइखे। मानीराम रेलवे क्रासिंग के लगे अक्सर फाटक बंद रहला से लमहर जाम लागल रहेला। इहवों पुल के निर्माण हो रहल बा। एकररो वजह से जाम लागत बा।

चेतल ना गइल तs कबो हो सकत बा बड़ हादसा

महुआतार ओवरब्रिज निर्माण के वजह से मार्ग बंद बा। अइसन में पैदल आ साइकिल वाला जोखिम उठाके आ आ जा रहल बा लो। – फोटो साभार : अमर उजाला।

 

पड़ताल में इहो सामने आइल बा कि मवका पs बिना पर्याप्त सुरक्षा उपायन के ओवरब्रिज के निर्माण करावल जा रहल बा। मंगर के दुपहरिया एक बजे के करीब क्रेन के मदद से लोहा के बड़-बड़ स्लीपर पुल के ऊपरी हिस्सन में पहुंचावल जात रहे आ नीचे पैदल आवे-जाये वालन के सिलसिला जारी रहे। इहे ना ऊपर मजदूर काम कर रहल बा लो आ नीचे जाली तक नइखे लगावल गइल। अइसन में मजदूरन-कारीगरन के सुरक्षा के संगही जदि ऊपर से लोहा के कवनो टुकड़ा भा सामग्री नीचे गिरत बा तs राहगीरन के जान पs बन सकत बा।

सहायक अभियंता से क्षेत्र के लोगन के नोकझोंक

मंगर के दुपहरिया जइसही मवका पs सेतु निगम के सहायक अभियंता सत्येंद्र सिंह पहुंचलें, स्थानीय लोग उनका के घेर लिहल। संवाद के दौरान लोगन के गुस्सा फूट गइल आ तीख नोकझोंक तक भइल। लोगन के कहनाम रहे कि वैकल्पिक मार्ग के इंतजाम कइल ना गइल आ मुख्य सड़क पs आवागमन पूरा तरे से बंद कs दिहल गइल। ऊ बतवलें कि मानीराम से बालापार जाये वाला सड़क पs जाम के वजह से चलल मुश्किल बा तs महुआतार रेलवे क्रासिंग के लगे से महेसरा पुल तक के मार्ग कच्चा बा। पूरा राह में बड़- बड़ गड़हा पड़ल बा आ धूरा के गुबार उड़ रहल बा। बहुते मशक्कत के बाद जब सहायक अभियंता गड्ढन के भरे के आश्वासन देलें, तब लोग शांत भइल।

ओवरब्रिज बनला से आसान हो जाई कैंपियरगंज-महराजगंज के राह

निर्माणाधीन ओवरब्रिज के नीचे से गुजरत महिला – फोटो साभार : अमर उजाला।

 

महुआतार ओवरब्रिज बन गइला से क्षेत्र के जनता के बड़ी लाभ होई। महुआतार से बालापार – टिकरिया होत कैंपियरगंज, फरेंदा, महराजगंज के दूरी घट जाई। महुआतार रेलवे क्रासिंग के लगे अक्सर लागे वाला जाम से लोगन के राहत मिल जाई। इहें ना गुरु गोरक्षनाथ विश्वविद्यालय में पढ़े वाला विद्यार्थियन के आसानी होई। शहर भा आसपास के क्षेत्रन से आके इहां दाखिला लेवे वाला विद्यार्थियन के सफर में समय बची। कनेक्टिविटी बेहतर हो गइला से क्षेत्र में बेवसायिक गतिविधियो बढ़ी।

कइयन बेर के शिकायत के बादो सुनवाई ना

बालापार के संतोष पांडेय कहलें कि ओवरब्रिज के निर्माण खातिर रास्ता पूरा तरे से बंद कs दिहल गइल आ विभाग कवनो वैकल्पिक रास्ता के  इंतजामे ना कइल गइल। महुआतार रेलवे क्रासिंग के लगे से कच्चा रास्ता बा, बाकिर एहपर गड़हा बहुत बा। रोज दुर्घटना होला। सेतु निगम जवन मानीराम- बालापार मार्ग के वैकल्पिक मार्ग बता रहल बा, उहां के इस्थिति आउर खराब बा। ज्यादातर समय क्रासिंग पs फाटक बंद रहला से लमहर जाम लागल रहत बा। उहो रास्ता बहुते खराब बा। दुनुए मार्गन से इमरजेंसी में कवनो अस्पताल भा अपना गंतव्य तक आसानी से नइखे पहुंच सकत। कइयन बेर शिकायत कइल गइल बाकिर कवनो सुनवाई नइखे हो रहल।

आमजन के सुविधन के धेयान दिहल जाव

महुआतार निवासी राजन पांडेय कहलें कि बेवस्था एकदम निरंकुश हो गइल बा। केहुओ के क्षेत्र के हजारन लोगन के समस्या से कवनो वास्ता नइखे रह गइल। विकास जरूरी बा बाकिर आमजन के सुविधन के धेयान दिहल जाये के चाहीं। कच्चा रास्ता से गिरत-पड़त लोगन के सफर करे खातिर मजबूर होखे के पड़ रहल बा। वैकल्पिक मार्ग खातिर कइयन बेर अफसरन से शिकायत कइल गइल बाकिर कवनो सुनवाई ना भइल।

धूरा उड़ला आ रास्ता बंद होखला से धंधा चौपट

महुआतार ओवरब्रिज के निर्माण के दौरान लोहा के स्लीपर के ऊपर पहुंचावत क्रेन आ नीचे बेखबर आवत-जात लोग। – फोटो साभार : अमर उजाला।

 

फल विक्रेता बबलू चौधरी कहलें कि बहुत अच्छा दुकानदारी चलत रहे। बाकिर दिन भर धूरा उड़ला आ रास्ता बंद हो गइला से धंधे चौपट हो गइल बा। बिक्री 60 फीसदी तक गिर गइल बा। समझ नइखे आ रहल कि इहां से दुकान शिफ्ट कs कहां ले जाई।

दुकान के किराया तक नइखे निकल रहल

दवा विक्रेता शिव कुमार कहलें कि जबसे पुल के निर्माण सुरू भइल ना दुकान तक आवे के का मार्गे बंद हो गइल बा। दुकान के किरायो नइखे निकल रहल। घर से रुपिया लगावे के पड़ रहल बा। पुल बन गइला के बादो बिक्री बढ़ला के उम्मीद कम बा। लोग बाहर-बाहर निकल जाई।

दुकान बंद करे के पड़ल

किराना व्यवसायी रामा कृष्णा कहलें कि हमनी के संयुक्त परिवार बा। किराना के दुकान के संगही घर के बेरोजगार जुवक सड़क किनारे फास्ट फूड के ठेला लगावत रहस। पुल के निर्माण सुरू होखला के बादे से धूल, कीचड़ के वजह से दुकान बंद करे के पड़ल।

ग्राहकन के संख्या बहुते कम हो गइल 

रेलवे क्रॉसिंग के ओह पार बालापार ले तरफ ओवरब्रिज के निर्माण तकरीबन पूरा हो गइल बा। – फोटोसाभार : अमर उजाला।

 

व्यवसायी पंकज झा कहलें कि रोजगार के तलाश में 10 साल से बिहार से आके इहां दुकान चलावेनी। पुल निर्माण के वजह से दुकान तक आवे के रस्ते बंद हो गइल। दिन भर धूल उड़ला, निर्माण सामग्री ले जाये के वजह से ग्राहकन के संख्या बहुत कम हो गइल बा।

सेतु निगम सहायक अभियंता सत्येंद्र सिंह कहलें कि सुरक्षा खातिर मुख्य मार्ग बंद कइल गइल बा। एकरा बादो लोग जबरन पैदल आवागमन जारी रखले बा। मानीराम से होत बालापार तक खातिर वैकल्पिक मार्ग के सुविधा बा, बाकिर लोग उहां से जाइल नइखे चाहत। फिलहाल क्षेत्र के लोगन के अनुरोध पs महुआतार के लगे से महेसरा पुल तक जाये वाला कच्चा मार्ग के मरम्मत करावे के निर्णय कइल गइल बा। जल्दिये एकरा के दुरुस्त करा दिहल जाई। ओवरब्रिज के निर्माण के काम दिसंबर 2023 तक पूरा करे के लक्ष्य बा। 75 फीसदी से जादे काम हो गइल बा। अब बड़ काम के तौर पs महुआतार के लगे रेलवे क्रासिंग के ठीक ऊपर पुल के निर्माण बाकी बा। एकरा के रेलवे प्रशासन के करावे के बा।

साभार: अमर उजाला

481230cookie-checkगोरखपुर में विकास के अधूरा खुशी: विकल्प देले बिना, बंद कs दिहल गइल मुख्य राह, धूरा में गिरत-पड़त सफर कs रहल बा लोग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.