अमेरिका के कैलिफोर्निया राज्य में सांता क्रूज घाट के एगो हिस्सा सोमार के दिने एगो तेज तूफान से नुकसान चहुँप गइल. एs दौरान दु लोग के बचावल गईल, जबकि तीसरा आदमी तैर के सुरक्षित जगह पs पहुंचे में कामयाब हो गईल। सांता क्रूज घाट के कुछ हिस्सा तब गिर गइल जब एगो बड़हन तूफान से तट पs भारी लहर पैदा हो गइल. आंधी-तूफान के कारन तूफानी हवा के संभावना बा। सांता क्रूज घाट के लगे रहे वाला लोग के चेतावल गइल कि तूफान तेज होखला के चलते निचला समुद्र तट के इलाका से बचे के चाहीं. इहाँ लोग के सुरक्षित जगह पs जाए के निर्देश भी दिहल गईल।
मेयर साहब का कहले?
एसोसिएटेड प्रेस के खबर के मुताबिक, सांता क्रूज के मेयर फ्रेड कीली बतवले कि घाट के कुछ हिस्सा गिरला के बाद लाइफगार्ड दु लोग के बचा लेले, हालांकि कवनो गंभीर चोट के खबर नईखे। पिछला जाड़ा में आइल तूफान से एह घाट के नुकसान चहुँपला के बाद चार मिलियन डॉलर के बहाली के काम चलत बा. मरम्मत खातीर बंद भईल गिरल हिस्सा में शौचालय अवुरी ‘डॉल्फिन’ रेस्तरां शामिल रहे।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन