[the_ad_group id="30365"]

खुशखबरी! सस्ता होई CNG आ PNG, सरकार बदललस प्राकृतिक गैस के कीमत तय करे के तरीका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरकार प्राकृतिक गैस के कीमत तय करे खातिर नया तरीका के मंजूरी देले बिया। केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर बियफे के कैबिनेट के बैठक के बाद बतावल गइल कि एपीएम गैस के रूप में मान्यता प्राप्त पारंपरिक क्षेत्रन से उत्पादित प्राकृतिक गैस के अब अमेरिका, कनाडा आ रूस जइसन देसन में गैस के कीमतन के बजाय कच्चा तेल के कीमत से जोड़ल जाई।

सरकार के ई फैसला दूरगामी महत्व के होई आ एसे गैस के कीमत बहुत कम हो जाई। तेल सचिव पंकज जैन बियफे के कहलें कि एकरा से पाइप्ड नेचुरल गैस (पीएनजी) 10 फीसदी सस्ता हो जाई आ कंप्रेस्ड नेचुरल गैस (सीएनजी) के कीमत 6 फीसदी से 9 फीसदी तक कम हो जाई।

सनीचर से लागू होई फैसला

सरकार एह बदलाव के घोषणा खातिर सुक के अधिसूचना जारी करी आ ई फैसला सनीचर से लागू हो जाई। सरकार एगो बयान में कहलस कि एह तरे के प्राकृतिक गैस के कीमत भारतीय क्रूड बास्केट के मासिक औसत के 10 प्रतिशत होई।

रउआ के बता दीं कि भारत 2030 तक प्राथमिक ऊर्जा मिश्रण में प्राकृतिक गैस के हिस्सेदारी के मवजूदा 6.5 प्रतिशत से बढ़ाके 15 प्रतिशत करे के लक्ष्य बना के रखले बा। सुधारन से प्राकृतिक गैस के खपत के विस्तार करे में मदद मिलल आ उत्सर्जन में कमी आ कार्बन उत्सर्जन लक्ष्य के प्राप्त करे में मदद मिली।

उपभोक्ता लोगन के केतना फायदा?

तेल मंत्री हरदीप पुरी ट्वीट कs के एह फैसला के स्वागत कइलें। ऊ कहलें कि एह डेग से उपभोक्ता लोगन के हितन के रक्षा होई। वर्तमान में, घरेलू गैस के कीमत  हर छव महीना में चार गैस ट्रेडिंग हब- हेनरी हब, अल्बेना, नेशनल बैलेंसिंग पॉइंट (ब्रिटेन) आ रूस में कीमतन के आधार पs तय कइल जाला।

सरकार कहले बिया कि चार गैस हब पs आधारित मूल्य निर्धारण पद्धति में समय के अंतराल जादे रहे आ बहुत जादे अस्थिरता रहे, एहिसे एह सुधार के आवश्यकता महसूस कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]