[the_ad_group id="30365"]

कैलिफोर्निया में तूफान के वजह से ढह गइल सांता क्रूज घाट

कैलिफोर्निया में तूफान के वजह से समंदर में ऊंच लहर उठल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिका के कैलिफोर्निया राज्य में सांता क्रूज घाट के एगो हिस्सा सोमार के दिने एगो तेज तूफान से नुकसान चहुँप गइल. एs दौरान दु लोग के बचावल गईल, जबकि तीसरा आदमी तैर के सुरक्षित जगह पs पहुंचे में कामयाब हो गईल।  सांता क्रूज घाट के कुछ हिस्सा तब गिर गइल जब एगो बड़हन तूफान से तट पs भारी लहर पैदा हो गइल.  आंधी-तूफान के कारन तूफानी हवा के संभावना बा।  सांता क्रूज घाट के लगे रहे वाला लोग के चेतावल गइल कि तूफान तेज होखला के चलते निचला समुद्र तट के इलाका से बचे के चाहीं. इहाँ लोग के सुरक्षित जगह पs जाए के निर्देश भी दिहल गईल। 

मेयर साहब का कहले?
एसोसिएटेड प्रेस के खबर के मुताबिक, सांता क्रूज के मेयर फ्रेड कीली बतवले कि घाट के कुछ हिस्सा गिरला के बाद लाइफगार्ड दु लोग के बचा लेले, हालांकि कवनो गंभीर चोट के खबर नईखे। पिछला जाड़ा में आइल तूफान से एह घाट के नुकसान चहुँपला के बाद चार मिलियन डॉलर के बहाली के काम चलत बा.  मरम्मत खातीर बंद भईल गिरल हिस्सा में शौचालय अवुरी ‘डॉल्फिन’ रेस्तरां शामिल रहे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]