[the_ad_group id="30365"]

चीन में 6.2 तीव्रता के भूकंप मचवलस तबाही, अब ले 100 से जादा लोगन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चीन से एगो बड़ खबर आ रहल बा। उत्तर पश्चिमी चीन में आइल भूकंप से गांसू आ किंघई प्रांत में सौ से अधिका लोग के मउत हो गइल। एकरा संगे समाचार एजेंसी सिन्हुआ के हवाला से एपी में प्रकाशित खबर के मुताबिक, 200 से जादे लोग घाही हो चुकल बाड़े।

जानकारी के मुताबिक, बितल सोमवार के आधा रात से ठीक पहिले उत्तर-पश्चिमी चीन के एगो पहाड़ी इलाका में इs भूकंप आईल। एह भूकंप के तीव्रता 6.2 बतावल जाता। एह भूकंप से गांसू आ किंघई प्रांत में काफी नुकसान भइल बा। एकरा संगे चीन के राष्ट्रपति शी जिनपिंग खोज-बचाव के आह्वान कईले।

मरेवाला लोग के संख्या तेजी से बढ़ रहल बा

काल्हु रात जब लोग अपना घर में सुतल रहले तs भूकंप के अहसास भइल। एह भूकंप के तीव्रता रिएक्टर पैमाना पs 6.2 नापल गइल। एह भूकंप के कारण गांसू आ किंघई प्रांत में भारी तबाही देखल गइल बा। कई घरन के भारी नुकसान भइल आ बहुते घर उखड़ के जमीन पs गिर गइल। जवना के चलते करीब 111 लोग के मउत हो चुकल बा अवुरी इs संख्या अवुरी बढ़ सकता। चीनी सर्च एंड रेस्क्यू टीम बचाव के काम में लागल बिया।

आपदा क्षेत्र में मदद भेजल जा रहल बा

सीसीटीवी के मुताबिक आपदा क्षेत्र में टेंट, फोल्डिंग बेड अवुरी रजाई भेजल जाता। एपी के खबर के मुताबिक, चीन के राष्ट्रपति शी जिनपिंग मउका पs मरेवाला लोग के संख्या कम करे खातीर पूरा तरीका से खोज अवुरी बचाव के प्रयास करे के आह्वान कईले बाड़े। एकरा बाद चीनी राष्ट्रीय आपदा निवारण, कमी आ राहत आयोग आ आपातकालीन प्रबंधन मंत्रालय लेवल-चउथा आपदा राहत आपातकाल के एक्टिव कs दिहल गइल |

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]