[the_ad_group id="30365"]

बांग्लादेश में आरक्षण के खिलाफ प्रदर्शन में 6 के मौत: छात्र सब आठ राज्यन में बंद के ऐलान कइलें, पीएम हसीना बोलली- न्याय मिली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बांग्लादेश में आरक्षण के खिलाफ प्रदर्शन में 6 के मौत: छात्र सब आठ राज्यन में बंद के ऐलान कइलें, PM हसीना बोलली- न्याय मिली

बांग्लादेश में हजारन छात्र सड़कन पs उतरके विरोध प्रदर्शन कs रहल बा लो आ आरक्षण खत्म करे के मांग कs रहल बा लो। ई प्रदर्शन ने अब हिंसक रूप ले लेले बा। पुलिस के संगे झड़प में छाव लोगन के मौत हो गइल बा। ओहिजा, 400 से जादे प्रदर्शनकारी घायल बतावल जा रहल बा।

बांग्लादेशी अखबार ढाका ट्रिब्यून के मोताबिक बुध के सांझ राजधानी ढाका में आंदोलन के दौरान प्रदर्शनकारी छात्र आ पुलिस के बीच हिंसक झड़प में एगो लईका समेत छह लोगन के गोली लागल बा। हालात एतना जादे खराब हो गइल बा कि ढाका सहित बांग्लादेश के अलग-अलग शहरन में शिक्षण संस्थानन के अनिश्चित काल तक खातिर बंद कs दिहल गइल बा।

बियफे के देसभर में बंदी, आपातकालीन सेवा जारी रही

प्रदर्शनकारी छात्र बियफे के देसभर में बंदी के घोषणा कइले बा लो। छात्र आंदोलन के नेता कहले बा लो कि बियफे के हॉस्पिटल आ आपातकालीन सेवा के छोड़के सब चीज बंद रही। एह दौरान खाली एम्बुलेंस सर्विस के सड़कन पs निकले के छूट रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]