भोर के 10 बड़ खबर

Anurag Ranjan

  1. बिहार: BPSC 70वीं PT परीक्षा आज, 4.83 लाख कैंडिडेट्स होई लो सामिल: 36 जिलन के 912 केंद्रन पs होई परीक्षा, लॉटरी से होई प्रश्न पत्र के सिलेक्शन
  2. बिहार: 12 हजार शिक्षक बिना प्रमोशन के होई लो रिटायर: 10-18 साल पढ़वला के बादो ना मिली प्रमोशन; शिक्षक बोलल लो- अनुभव के काउंट कइल जावs
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी के 25 जिलन में कोल्ड-वेव अलर्ट: मथुरा में श्रीकृष्ण के टोपी-दस्ताना पहिनवाल गइल; 30 शहरन में कोहरा के असर से थमल रफ्तार
  4. उत्तर प्रदेश: 108 साल के भइल BHU: कुलपति बोललें- तीन तरे से पईसा जुटावल गइल, 2293 करोड़ के आय भइल; अभी बहुत कुछ कइल बाकी बा
  5. झारखंड: 2-3 डिग्री सेल्सियस गिरी पारा, ठंडा बढ़ी: 5 डिग्री के संगे गढ़वा सबसे ठंडा जिला; 9 जिलन के तापमान 10 डिग्री से नीचे
  6. तमिलनाडु के अस्पताल में आग, 6 लोगन के मौत: सभे हॉस्पिटल के लिफ्ट में बेहोश मिलल रहे; 20 घायल, 30 से जादे लोगन के बचावल गइल
  7. भारतीय वायुसेना के मिली 12 नया सुखोई विमान; सरकार HAL से ₹13500 करोड़ डील कइलस, फाइटर प्लेन के 62% पार्ट्स भारत में बनी
  8. ईरान के परमाणु ठिकानन पs हमला के फिराक में इजराइल: सीरिया के 85% एयर डिफेंस के तबाह कइलस; लेबनान में हिजबुल्लाह के आतंकियन के निशाना बनवलस
  9. बांग्लादेश में अब जॉय बांग्ला राष्ट्रीय नारा ना: यूनुस सरकार जारी कइलस आदेस, सुप्रीम कोर्ट के दखल से इनकार
  10. गाबा टेस्ट के पांचों दिन बरखा के आसार: मैच ड्रॉ भइल तs WTC में भारत के मुश्किल बढ़ी, फाइनल खातिर सब मैच जीते के होई

इहो पढ़ीं: बिहार-झारखंड आ देस-दुनिया के सामाजिक, सांस्कृतिक, राजनीतिक आर्थिक परिदृश्य पs आधारित हरिवंश के दस पुस्तकन के लोकार्पण काल्ह

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।