Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gold किनत घरी रहीं सावधान! अब 4 अंकन वाला हॉलमार्क ना होई मान्य, जानीं कब से लागू होई नया नियम

738

Gold Hallmarking: जदि रउआ 30 मार्च के बाद सोना भा ओकर गहना किने जा रहल बानी तs ई खबर रउआ जानल बहुते जरूरी बा। दरअसल केंद्र सरकार सोना आ ज्वैलरी किने आ बेचे के नियमन में बदलाव कs देले बिया।

उपभोक्ता ममिलन के मंत्रालय कहले बा कि 31 मार्च 2023 के बाद बिना हॉलमार्क यूनिक आइडेंटिफिकेशन (HUID) वाला सोना के गहना आ कलाकृतियन के ना बेचल जा सकी।

मंत्रालय कहलस कि उपभोक्तन के बीच 4 डिजिट आ 6 डिजिट हॉलमार्किंग के लेके कंफ्यूजन दूर करे खातिर अहम फैसला लिहल गइल बा। नया नियम के तहत एक अप्रिल से खाली छव डिजिट वाला अल्फान्यूमेरिक हॉलमार्किंग मान्य होई। एकरा बिना सोना आ सोना के आभूषण ना बिकी। संगही चार डिजिट वाला हॉलमार्किंग पूरा तरे बंद हो जाई।

सोना के हॉलमार्किंग कीमती धातु के शुद्धता के प्रमाण पत्र हs। ई 16 जून, 2021 तक स्वैच्छिक रूप से लागू रहे। एकरा बाद, सरकार गोल्ड हॉलमार्किंग अनिवार्य करे के निर्णय लेलस। पहिला चरण में एकरा के देस के 256 जिलन में लागू कइल गइल। दूसरका चरण में 32 आउर जिलन के जोड़ल गइल। अब देस के 51 आउर जिलन के एमे जोड़ल जा रहल बा।

मंत्री पीयूष गोयल बीआईएस के समीक्षा बैठक कइलें 

खाद्य आ उपभोक्ता ममिलन के मंत्री पीयूष गोयल सुक के भारतीय मानक ब्यूरो (बीआईएस) के गतिविधियन के समीक्षा बैठक कइलें। एमे ऊ बीआईएस के देस में परीक्षण खातिर बुनियादी ढांचा के बढ़ावे के निरदेस दे देलें। एकरा अलावे बीआईएस के उत्पाद परीक्षण आ बाजार निगरानी के फ्रीक्वेंसी बढ़ावे खातिर कहल गइल रहे।

ऊ उत्पाद सुरक्षा सुनिश्चित करे खातिर बीआईएस के प्रेशर कुकर, हेलमेट आ आउर उपभोक्ता उत्पादन जइसन अलग-अलग उत्पादन खातिर बाजार निगरानी बढ़ावे के निरदेस दिहल गइल बा। गोयल कहलें कि हमनी के ई सुनिश्चित करे खातिर प्रतिबद्ध बानी सs कि भारत में सब उत्पाद उच्चतम गुणवत्ता आ सुरक्षा मानकन के पूरा करत बा।

बैठक में तय भइल कि बीआईएस प्रमाणीकरण पs 80 प्रतिशत रियायत प्रदान करी भा अलग-अलग उत्पाद प्रमाणन योजनन खातिर न्यूनतम अंकन शुल्क ली। माइक्रो स्केल इकाइयन में क्वालिटी कल्चर (Quality Culture) के बढ़ावा देवे खातिर ई निर्णय लिहल गइल बा।

का होला HUID नंबर

हॉलमार्क यूनिक आइडेंटिफिकेशन (HUID) नंबर ज्वैलरी के पहचान खातिर होला। HUID नंबर छव अंकन वाला अल्फान्यूमेरिक कोड बा। एकरा मदद से उपभोक्तन के ज्वैलरी से जुड़ल जानकारी मिल जात बा। एकरा अलावे ज्वैलर्स के एकर जानकारी बीआईएस के पोर्टलो पs अपलोड करे के होला।

475480cookie-checkGold किनत घरी रहीं सावधान! अब 4 अंकन वाला हॉलमार्क ना होई मान्य, जानीं कब से लागू होई नया नियम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.