Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CSK vs LSG: रुतुराज के बल्ला से धमाल, मोईन के फिरकी के कमाल, चेपॉक में चेन्नई के पिक्चर भइल सुपरहिट

CSK vs LSG IPL 2023: आईपीएल 2023 के छठा मुकाबला में चेन्नई सुपर किंग्स चेपॉक के मैदान पs लखनऊ सुपर जायंट्स के 12 रन से हरवलस। सीएसके से मिलल 218 रनन के लक्ष्य के जवाब में लखनऊ के टीम 7 विकेट खोके 205 रन बना सकल।

2,315

आईपीएल 2023 के छठा मुकाबला में चेन्नई सुपर किंग्स चेपॉक के मैदान पs लखनऊ सुपर जायंट्स के 12 रन से हरवलस। सीएसके से मिलल 218 रनन के लक्ष्य के जवाब में लखनऊ के टीम 7 विकेट खोके 205 रन बना सकल। मोइन अली गेना से कहर बरपावत मात्र 26 रन देके चार विकेट अपना नामे कइलें।

काइल मेयर्स खेलले तूफानी पारी

218 रनन के विशाल लक्ष्य के पीछा करे उतरल लखनऊ सुपर जायंट्स के टीम के काइल मेयर्स आ केएल राहुल धमाकेदार सुरुआत दिहल लो। राहुल आ मेयर्स 5.3 ओवर में 79 रन कूटल। मेयर्स 22 गेना में 53 रन बनाके आउट भइलें। मेयर्स के आउट होखला के बाद लखनऊ के पारी बुरा तरह लड़खड़ा गइल आ तीन रन जोड़के टीम राहुल आ दीपक हुड्डा के विकेटो गंवा देलस।

लखनऊ के मिडिल ऑर्डर भइल बुरा तरे फ्लॉप

राहुल 20 आ हुड्डा 2 रन बनाके आउट भइलें। क्रुणाल पांड्यो कुछ खास कमाल ना कs सकलें आ खाली 9 रन बनाके आउट भइलें। निकोलस पूरन 18 गेना में 32 रन कूटलें, जबकि कृष्णप्पा गौतम नाबाद 17 रन जोड़लें। हालांकि, लखनऊ के जीत दिलावे खातिर ई काफी साबित ना भइल।

रुतुराज गायकवाड़ खेलले एगो आउर शानदार पारी

एकरा पहिले टॉस हारके पहले बैटिंग करे उतरल चेन्नई सुपर किंग्स के रुतुराज गायकवाड़ आ डेवोन कॉन्वे धमाकेदार सुरुआत दिहल लो आ पहिला विकेट खातिर 9.1 ओवर में 110 रन जोड़ल। रुतुराज 31 गेना में 57 रन बनाके आउट भइलें, तs कॉन्वे 47 रन कूटलें। नंबर तीन पs प्रमोट कइल गइल शिवम दुबे खूब रंग जमवलें आ ऊ 16 गेना में 27 रन ठोकलें। हालांकि, मोईन अली आ बेन स्टोक्स बल्ला से कुछ खास कमाल ना कs सकल लो। मोईन 19 तs स्टोक्स 8 रन बनाके आउट भइलें।

माही जमवलें आखिरी ओवर में रंग

आखिरी ओवरन में अंबाती रायुडू 14 गेना में 27 रन के तूफानी पारी खेललें। ओहिजा, कप्तान धोनी 3 गेना में अपना फैन्स के जमके मनोरंजन कइलें आ दु छक्का के मदद से 12 रन बनवलें, जवना के दम पs सीएसके के टीम 20 ओवर में 7 विकेट खोके 217 रन स्कोर बोर्ड पs लगावे में सफल रहल।

501400cookie-checkCSK vs LSG: रुतुराज के बल्ला से धमाल, मोईन के फिरकी के कमाल, चेपॉक में चेन्नई के पिक्चर भइल सुपरहिट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.