Heat Wave : गर्मी से एकही स्कूल के दू दर्जन बच्चा बेहोश, लोगन के फूटल गुस्सा; KK Pathak के खिलाफ खुलल मोर्चा

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2024

Heat Wave In Bihar गर्मी आ उमस से एकही स्कूल के दू दर्जन बच्चा बेहोश हो गइले। आनन-फानन में बच्चन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल। एक साथे दू दर्जन बच्चन के बेहोश होखे के

Share

Heat Wave In Bihar गर्मी आ उमस से एकही स्कूल के दू दर्जन बच्चा बेहोश हो गइले। आनन-फानन में बच्चन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल। एक साथे दू दर्जन बच्चन के बेहोश होखे के एह घटना के बाद ग्रामीण आक्रोशित होके मनकौल के लगे शेखपुरा-पकरीबरमा सड़क के जाम कऽ देले। उऽ लोग केके पाठक के खिलाफ मोर्चा खोल देलस। सड़क पs जमके नाराबाजीयो कइले।

44 डिग्री से ऊपर के तापमान आ भारी उमस से पैदा हो रहल गर्मी स्कूली बच्चन खातिर जानलेवा साबित हो रहल बा। उमस आ गर्मी के प्रकोप से स्कूली बच्चन के स्वास्थ्य पs सबसे अधिक प्रभाव पड़ रहल बा। जिला में प्रतिदिन स्कूल में बच्चन के बीमार आ बेहोश होखे के सूचना मिल रहल बा।

बुध के तऽ मध्य विद्यालय मनकौल में उमस आ गर्मी के प्रभाव से एक साथे दू दर्जन बच्चा बेहोश होके कक्षा में गिर गइले। एक साथे दू दर्जन बच्चन के बीमार होके बेहोश होखला पs विद्यालय आ समूचा गांव में अफरातफरी मच गइल।

ओआरएस घोल आ प्राथमिक उपचार देके ठीक कइल गइल

गंभीर रूप से बीमार भइल 6 बच्चन के सदर अस्पताल आ 2 बच्चन के निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। विद्यालय के प्रधानाध्यापक सुरेश प्रसाद बतवले साढ़े सात बजे कई कक्षा में बच्चा बेहोश होखे लगले। कई गो बच्चन विद्यालय में ओआरएस घोल आ प्राथमिक उपचार देके ठीक कइल गइल बा।

अधिक बीमार भइल बच्चन के ई रिक्शा आ बाइक से सदर अस्पताल लिआवल गइल। बच्चन के इलाज कर रहल सदर अस्पताल के चिकित्सक रजनीकांत प्रसाद बतवले कि उमस वाला गर्मी सबसे खतरनाक बा।

एमें शरीर से बहे वाला पसीना के साथे शरीर के नमक बाहर निकल जाला, जवना से चक्कर के साथे लोग बेहोश हो जाला। तुरंत चिकित्सा ना मिलला पs जानो जा सकऽता।

घटना के बाद आक्रोशित भइले ग्रामीण

एने, एक साथे दू दर्जन बच्चन के बेहोश होखे के एह घटना के बाद ग्रामीण आक्रोशित होके मनकौल के लगे शेखपुरा-पकरीबरमा सड़क के जाम कऽ देले।

शिक्षा विभाग के अपर मुख्य सचिव केके पाठक (KK Pathak) के खिलाफ मन के भडांस निकालत उनका खिलाफ नाराबाजी कइले। कहले सरकार खुदे एसी में रहके एह भीषण गर्मी में बच्चन ल्ड स्कूल करा रहल बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.