[the_ad_group id="30365"]

विधायक प्रदीप शुक्ला के हाथन से भइल ब्लड कलेक्शन सेंटर आ SG Pride ऑफिस के उद्घाटन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: आज 23 अक्टूबर 2022 के गोरखपुर के कुड़ाघाट चौराहा के निचिका इस्तिथ पीएनबी बैंक शाखा के ठीक बगल में श्यामा राजेंद्र कलेक्शन सेंटर Authorized by Pathkind Labs आ  SG Pride Pharma and Surgical Pvt Ltd. के ओर से Blood collection centre आ SG Pride Office के शुभ उद्धघाटन सहजनवा से बीजेपी के माननीय विधायक प्रदीप शुक्ला जी फीता काट के कइनीं।

विधायक जी के उपस्तिथि में वैदिक मंत्रोचार के संगे पूजा पाठ कइल गइल जवना के बाद फीता काटके विधायक प्रदीप शुक्ला जी उद्धघाटन कइनीं आ एकर सफलता खातिर शुभकामना आ बधाई देनीं।

एह शुभ अवसर प एह SG Pride Pharma आ Surgicals Pvt. Ltd के निदेशक सुरुज कुमार तिवारी के निमंत्रण प ढेर संख्या में लोग उपस्थित रहल। सुरुज कुमार तिवारी इहो बतवनी की उचित दाम में लोग अब भारत के जानल- मानल पैथोलॉजी सुविधा उपलब्ध करावे वाला Pathkind Labs लैब्स के लाभ आसानी से अपना क्षेत्र में उठा सकेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]