Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली में बंद भइल स्कूल, काल्ह से होंइ ऑनलाइन कक्षा, सीएम आतिशी जारी कइली आदेश

26

 

 

दिल्ली में बढ़त प्रदूषण के चलते सभ प्राथमिक विद्यालय बंद हो गईल बा। अब पहिला से पांच ले के क्लास ऑनलाइन होई। मुख्यमंत्री आतिशी ट्विटर पs अपना पोस्ट में लिखली कि, प्रदूषण के बढ़त स्तर के चलते दिल्ली के सभ प्राथमिक विद्यालय में ऑनलाइन कक्षा शुरू होई अवुरी आगे के निर्देश ले जारी रही। दिल्ली सरकार आदेश जारी कs के सभे स्कूल में ऑनलाइन क्लास शुरू करे के कहले बिया अवुरी बच्चा के अभिभावक से एकरा बारे में जानकारी देवे के कहले बिया।

दिल्ली सरकार के शिक्षा निदेशालय प्राथमिक कक्षा बंद करे के आदेश जारी कइले बा. आदेश में कहल गईल कि, “दिल्ली में शिक्षा निदेशालय (डीओई), एमसीडी, एनडीएमसी अवुरी डीसीबी के सभ सरकारी, सरकारी सहायता अवुरी असहाय निजी मान्यता प्राप्त स्कूल के प्रमुख के कक्षा 5 ले के बच्चा खातीर स्कूल में कक्षा बंद करे के सलाह दिहल जाता स्कूलन के निर्देश दिहल गइल बा कि आगे के आदेश ले एह कक्षा के विद्यार्थियन खातिर ऑनलाइन मोड में कक्षा सुनिश्चित कइल जाव.

दिल्ली में ग्रैप-3 लागू

दिल्ली सरकार के आदेश में इहो बतावल गइल बा कि वायु गुणवत्ता प्रबंधन आयोग एनसीआर आ आसपास के इलाका में ग्रैप-3 लागू करे के आदेश दिहले बा. दिल्ली अवुरी एनसीआर में एक्यूआई 401-450 के बीच बा। शहर में हवा के गुणवत्ता खराब होखला के चलते राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र (एनसीआर) में ग्रैप-‘गंभीर हवा के गुणवत्ता’ के तृतीय चरण के तहत सभ उपाय के 15 नवंबर 2024 के सबेरे 8 बजे से लागू कईल जाई। अब 2017 से पहिले खरीदल गईल गाड़ी के इस्तेमाल पs रोक लगा दिहल गईल बा जवन कि बीएस-3 चाहे ओकरा से कम मानक के होखे।

ग्रैप 3 में एह कामन पs रोक लगाईं 

*निर्माण आ डिमोलेशन पs रोक लगा दिहल जाई. सगरी गैर जरूरी खनन गतिविधि बंद कs दिहल जाई.

*गैर-इलेक्ट्रिक, गैर-सीएनजी अवुरी गैर-बीएस-VI डीजल इंटरस्टेट बस पs रोक लगावल जाई।

*कक्षा 5 ले के प्राथमिक स्कूल खातिर ऑनलाइन कक्षा के सलाह।

*राज्य सरकार प्राथमिक कक्षा के लइकन खातिर ऑनलाइन कक्षा के लेके फैसला ले सकेले।

*दिल्ली में बीएस-3 भा ओकरा से कम में दर्ज मालवाहक वाहन पs रोक लगावल जाई. हालांकि जरूरी सेवा से जुड़ल गाड़ी के एकरा से छूट दिहल जाई।

*दिल्ली एनसीआर में पेंटिंग, पोलिसींग, ईंट भट्टा, स्टोन क्रेशर के काम पs रोक लगावल जाई.

*पानी के छिड़काव भी जारी रही।

 

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.