कोहरा रोकलस रेलवे के पहिया, दिल्ली आवे वाला इs 12 ट्रेन हो गईल बा लेट

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2024

  उत्तर भारत में जाड़ा के प्रवेश शुरू हो गईल बा। घर से लोग कम्बल निकाल लेले बाड़े अवुरी सड़क पs एक बेर फेरू कोहरा देखाई देता। एकरा संगे अब एd कोहरा के असर भारतीय

Share

indian railway

 

उत्तर भारत में जाड़ा के प्रवेश शुरू हो गईल बा। घर से लोग कम्बल निकाल लेले बाड़े अवुरी सड़क पs एक बेर फेरू कोहरा देखाई देता। एकरा संगे अब एd कोहरा के असर भारतीय रेलवे पs भी पड़े लागल बा। दिल्ली के ओर आवे वाली दर्जनों ट्रेन बियफ़ें के देर से चलत बाड़ी सs। एहमें से कुछ ट्रेन 5 घंटा आ 7 घंटा ले लेट चलत बाड़ी सँ. आई देखी दिल्ली के ओर आवे वाली ट्रेनन के लिस्ट देखल जाव जवन देर से चलत बाड़ी सs.

CSMT ASR एक्सप्रेस- 1 hour 37 mins

INDB NDLS सुपरफास्ट- 01 hour 7 mins

Malwa एक्सप्रेस- 01 hour 26 mins

DADN SVDK सुपरफास्ट- 02 hours 43 mins

बिहार संपर्क क्रांति- 1 hour 1 min

श्रमजीवी- 1 hour 33 mins

महाबोधि- 2 hours 3 mins

गोरखधाम- 1 hour 9 mins

पूर्वा- 1 hour 5 mins

वैशाली- 2 hours 5 mins

काशी विश्वनाथ- 5 hours 41 minutes

BJU NDLS- 7 hours 20 minutes

देश भर के विभिन्न राज्यन के हवाई अड्डा पs भी कोहरा आ धुंध के चलते विजिबिलिटी बहुत कम बा

पंजाब के अमृतसर में जीरो विजिबिलिटी

पठानकोट 100 मीटर विजिबिलिटी

गोरखपुर में जीरो, आगरा में 500 मीटर विजिबिलिटी

कानपुर 600, लखनऊ 800 मीटर विजिबिलिटी

दिल्ली के पालम में 300 मीटर विजिबिलिटी

चंडीगढ़ 800 मीटर, बंगाल में दुर्गापुर 500 मीटर विजिबिलिटी

दिल्ली में प्रदूषण के चलते खराब हालत

देश के राजधानी दिल्ली अवुरी ओकरा आसपास के इलाका में प्रदूषण के संगे धुंध के बहुत बढ़ोतरी भईल बा। यानी दिल्ली पूरा तरह से गैस चेंबर में बदल रहल बिया। दिल्ली के एयर क्वालिटी इंडेक्स (एक्यूआई) 400 पार हो गइल बा. दिल्ली में एक्यूआई 432 यानी ‘गंभीर’ श्रेणी में दर्ज भइल बा। दिल्ली से सटल नोएडा में भी एक्यूआई के 372 यानी ‘बहुत खराब’ श्रेणी में दर्ज कइल गइल बा। मानल जाता कि ग्रैप-3 के दिल्ली में कबो भी लागू कईल जा सकता।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.