सिपाही दूल्हा अड़ल रहल 30 लाख के दहेज पs, दुल्हिन सरेआम कs दिहलस शादी तुड़े के बात

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 15, 2024

  उत्तर प्रदेश के आगरा से एगो हैरानी के मामला सामने आईल बा। इहाँ यूपी पुलिस में सिपाही के रूप में नियुक्त एगो आदमी के बियाह भईला के तुरंत बाद टूट गईल। बियाह टूटे के

Share

Dowry Harassment Case

 

उत्तर प्रदेश के आगरा से एगो हैरानी के मामला सामने आईल बा। इहाँ यूपी पुलिस में सिपाही के रूप में नियुक्त एगो आदमी के बियाह भईला के तुरंत बाद टूट गईल। बियाह टूटे के पीछे के कारण अवुरी अचरज के बात बा। बतावल जाता कि सिपाही दूल्हा के बियाह के बारात बहुत धूमधाम से निकलल रहे। बियाह के बारात के संगे खंदोली इलाका के गांव पहुंचते ही उनुकर गर्मजोशी से स्वागत भईल। एकरा बाद वरमाला खातिर दूल्हा के मंच पs ले आवल गईल। माला ले वर-वधू के बीच सब ठीक रहे। जइसहीं दूल्हा वरमाला के बाद मंडप पs पहुंचले कि सात फेरा लेवे खातिर उs एगो मांग कईले जवना से सब कुछ गड़बड़ हो गईल।

असल में इs सिपाही दूल्हा मंडप के सात फेरा लेवे से पहिले दहेज के रूप में 30 लाख रुपिया के मांग कईलस। उs ना खाली मांग कईले बालुक उs अड़ल रहले कि जब ले तीस लाख रुपिया ना दिहल जाई तब ले उs सात फेरा खातीर तैयार ना रहीहे। लईकी के परिवार के लोग दुल्हा के मनावे के बहुत कोशिश कईले बाकिर जब उs ना मानल तs लईकी खुद ओकरा से बियाह करे से मना कs देलस। लईकी कहलस कि जवन लईका खाली पईसा चाहे दहेज खातीर बियाह करता, ओकरा से बियाह ना करे के चाही।

फिलहाल पुलिस आरोपी के खिलाफ मामला दर्ज कs जांच शुरू कs देले बिया। संगही पुलिस आरोपी दूल्हा के हिरासत में लेले बिया। पुलिस आरोपी दूल्हा के खिलाफ अलग-अलग धारा के तहत मामला दर्ज कईले बिया। एह धारा में खास तौर पs दहेज खातीर उत्पीड़न के धारा शामिल बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.