दिल्ली के सराय काले खां-ISBT चौक के नाव बदलल गइल, बिरसा मुंडा से होई पहचान

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 15, 2024

    भगवान बिरसा मुंडा के 150वीं जयंती पs आदिवासी गौरव दिवस बहुत उत्साह से मनावल जा रहल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जहां बिहार के जमुई में एगो कार्यक्रम के आयोजन करतारे, उहें दिल्ली में

Share

बिरसा मुंडा

 

 

भगवान बिरसा मुंडा के 150वीं जयंती पs आदिवासी गौरव दिवस बहुत उत्साह से मनावल जा रहल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जहां बिहार के जमुई में एगो कार्यक्रम के आयोजन करतारे, उहें दिल्ली में भी केंद्र सरकार के ओर से एगो बड़ घोषणा भईल बा।  केंद्रीय मंत्री मनोहर लाल खट्टर बिरसा मुंडा के जयंती पs राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली के सराय काले खान आईएसबीटी चौक के नाव बदल के बिरसा मुंडा चौक राखे के एलान कईले।

बिरसा के जीवन- खट्टर से लोग प्रेरित हो जइहें

आदिवासी गौरव दिवस के मौका पs केंद्रीय मंत्री मनोहर लाल खट्टर दिल्ली में कहले कि आईएसबीटी बस स्टैंड के बहरी बड़ चौक के भगवान बिरसा मुंडा के नाव से जानल जाई। इs मूर्ति अवुरी ओ चौक के नाव देख के खाली दिल्ली के लोग ना बालुक अंतरराष्ट्रीय बस स्टैंड पs आवे वाला लोग भी उनुका जीवन से जरूर प्रेरित होईहे।

अमित शाह मूर्ति के अनावरण कईले

आदिवासी गौरव दिवस आ भगवान बिरसा मुंडा के 150वीं जयंती के मौका पs केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह भी दिल्ली के बांसेरा उद्यान में आपन मूर्ति के अनावरण कईले। एह मौका पs दिल्ली के एलजी वीके सक्सेना अवुरी केंद्रीय मंत्री मनोहर लाल खट्टर भी उनुका संगे मौजूद रहले। एह संबंध में अमित शाह कहले कि आजादी खातिर आ धर्म परिवर्तन के खिलाफ आंदोलन खातिर हमनी के देश बिरसा मुंडा के आभारी रही।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.