Deoria: सतराव में बाल दिवस कार्यक्रम के भइल आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2024

देवरिया (अखिलेश कुमार सिंह)। देस के इतिहास के तारीख में 14 नवंबर के तारीख बहुते अहम बा। विशेष एहिसे कि एह दिन के बाल दिवस के रूप में मनावल जाला। लईकन के प्रति विशेष स्नेह

Share

Bal Diwas

देवरिया (अखिलेश कुमार सिंह)। देस के इतिहास के तारीख में 14 नवंबर के तारीख बहुते अहम बा। विशेष एहिसे कि एह दिन के बाल दिवस के रूप में मनावल जाला। लईकन के प्रति विशेष स्नेह रखे वाला देस के पहिला प्रधानमंत्री पंडित जवाहर लाल नेहरू के जयंती के दिन के बाल दिवस के रूप में मनावल जाला।

एह अवसर पs सतराव में राहुल मल्ल आ शिवानी सिंह के ओर से कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। लईका लोग बाल दिवस बड़ उत्साह आ उमंग के संगे मनावल। दिन के सुरुआत एगो विशेष सभा से भइल। एकरा बाद लईकन के मनोरंजन खातिर कइयन गो गतिविधि आयोजित कइल गइल। एह कार्यक्रम के मुख्य अतिथि शिवम पाण्डेय लईकन के एह विशेष अवसर पs सुभकामना देलें आ उनका के हमेसा सीखते रहे आ आगे बढ़े के प्रेरणा देलें, ताकि ऊ एगो जिम्मेदार नागरिक बन सके लो। ऊ ओह लोगन के अपना अंदर के लईकन के जीवित रखे खातिर प्रोत्साहित कइलें।

एह दौरान अखिलेश सिंह, शिवानी सिंह, आयुष कुमार, साहिल, शालिनी, शिवागी, कृति अनिता, आंचल, अंजली आदि लोग उपस्थित रहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.