Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

देश के 10 राज्यन के 31 विधानसभा सिटन पs होखे जा रहल बा उपचुनाव, इहां देखीं पूरा लिस्ट

281

 

झारखंड में होखे वाला विधानसभा चुनाव के देखत पहिला चरण खातिर 13 नवंबर के मतदान हो रहल बा। झारखंड के 43 गो विधानसभा सीट पs आजु मतदान हो रहल बा. आजु दस गो राज्यन के 31 गो विधानसभा सीट आ केरल के एगो लोकसभा सीट खातिर उपचुनाव भी हो रहल बा. एकरा अलावे सिक्किम क्रांतिकारी मोर्चा के दुनो उम्मीदवार सिक्किम के दु सीट पs निर्विरोध जीत हासिल कईले बाड़े। दरअसल 31 गो विधानसभा सीट में से 28 गो विधानसभा सीट खाली एहसे खाली हो गइल कि एह सीटन से उम्मीदवार लोकसभा चुनाव जीत गइले. दोसरा तरफ असामयिक पउत आ एगो उम्मीदवार के पार्टी बदलला कe चलते दू गो सीट खाली हो गइल बा जवना पs उपचुनाव हो रहल बा.

कवन सीट पs हो रहल बा उपचुनाव?

पश्चिम बंगाल : पश्चिम बंगाल के 6 विधानसभा सीट पs उपचुनाव होई। उपचुनाव एहिजा सीताई, मदारीहाट, नैहाटी, हरोआ, तालडांगरा आ मेदिनीपुर में करावल जाई.

मेघालय : मेघालय के एगो सीट गाम्ब्रेग्रे (वेस्ट गोरो हिल्स) विधानसभा सीट पs मतदाता आपन मताधिकार के प्रयोग करीहे। एहिजा से कांग्रेस जिंगजांग मराक के आ भाजपा बर्नार्ड मारक के मैदान में उतरले बिया.

गुजरात : गुजरात के बनासकांठा जिला के वाव विधानसभा सीट में उपचुनाव के मतदान होई। कांग्रेस गुलाब सिंह राजपूत के मैदान में उतरले बिया अवुरी भाजपा इहां से स्वरूपजी ठाकुर के मैदान में उतरले बिया।

बिहार : बिहार विधानसभा के 4 सीट पs मतदान होखे वाला बा। बिहार के जवना 4 विधानसभा सीट पs मतदान होई, ओमे रामगढ़, तरारी, बेलागंज अवुरी इमामगंज विधानसभा सीट शामिल बा।

असम : असम के 5 विधानसभा सीट पs मतदान होई। एह सीट पs धोलाई, सिदली, बोंगाईगांव, बोहाली आ समगुरी विधानसभा सीट शामिल बा.

केरल : केरल में वायनाड लोकसभा सीट अवुरी चिलक्कारा विधानसभा सीट पs भी उपचुनाव होखे वाला बा।

कर्नाटक : कर्नाटक के तीन विधानसभा सीट पs उपचुनाव होखे जा रहल बा। कर्नाटक के शिगगांव, संदूर आ चन्नपटना विधानसभा क्षेत्र में लोग आपन मताधिकार के प्रयोग करीहें.

राजस्थान : राजस्थान के 7 विधानसभा सीट पs उपचुनाव होखे जा रहल बा। एह सीट पs झुंझुनू, दौसा, देवली-उनियारा, खींवसर, चौरासी, सलूंबर आ रामगढ़ विधानसभा सीट शामिल बा.

छत्तीसगढ़ : छत्तीसगढ़ के रायपुर सिटी साउथ विधानसभा सीट पs उपचुनाव होखे जा रहल बा। एह सीट पs 30 गो उम्मीदवार मैदान में बाड़े.

 मध्य प्रदेश : मध्य प्रदेश के बुधनी अवुरी विजयपुर सीट पs उपचुनाव होखे जा रहल बा। बता दीं कि शिवराज सिंह चौहान के लोकसभा सांसद बनला के बाद उनुका एह सीट से इस्तीफा देबे के पड़ल.

 

 

 

 

 

 

 

 

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.