[the_ad_group id="30365"]

नीतीश कुमार कैबिनेट विस्तार: मंत्रिमंडल में तेज प्रताप यादव के मिली जगे, उपेंद्र कुशवाहा भइले आउट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में महागठबंधन सरकार के पहिला कैबिनेट विस्तार मंगर के होई। आरजेडी सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा तेज प्रताप यादव के मंत्री बनल लगभग तय बा। ओहिजा जेडीयू संसदीय बोर्ड के अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा के नाम नीतीश कुमार के कैबिनेट में सामिल होखे वालन विधायकन के लिस्ट से कट गइल। उपेंद्र कुशवाहा मंत्री ना बनिहे। ऊ पटना से दिल्ली पहुंच गइल बाड़े।

महागठबंधन सरकार में आरजेडी के दबदबा

भलही सात दलन वाला महागठबंधन के सरकार के नेतृत्व नीतीश कुमार कर रहल बाड़े। बाकिर एमें लालू प्रसाद यादव के पार्टी राष्ट्रीय जनता दल (आरजेडी) के दबदबा रहे वाला बा। विधानसभा में आरजेडी विधायकन के संख्या सबसे जादे बा, एहिसे पार्टी से सबसे बेसी 17 मंत्री बनी लो। लालू के छोट बेटा तेजस्वी यादव मंत्री पद के शपथ ले चुकल बाड़े। अब उनकर छोटे बेटा तेजप्रताप यादवो के मंत्रिमंडल में आइल लगभग तय हो गइल बा। शपथग्रहण समारोह से कुछ देर पहिलही समूचा इस्थिति साफ हो जाई।

तेज प्रताप पूर्ववर्ती महागठबंधन सरकार में मंत्री रह चुकल बाड़े। तब ऊ स्वास्थ्य विभाग के जिम्मेदारी संभरले रहस। अबकियो बेर उनका के उन्हें स्वास्थ्य मंत्री बनाया जा सकत बा। आरजेडी के लगे सबसे जादे विभाग होई। संगही विधानसभा स्पीकर के पद पार्टिये के मिले के बा। अवध बिहारी चौधरी स्पीकर हो सकत बाड़ें।

उपेंद्र कुशवाहा के ना मिलल कैबिनेट में जगे

जेडीयू नेता उपेंद्र कुशवाहा के नीतीश कैबिनेट में जगे ना मिली। बतावल जा रहल बा कि पार्टी में कुशवाहा जाति के नेता लोग उपेंद्र के मंत्री बनवला पs नाराजगी जतावल। एकरा बाद उनकर नाम लिस्ट से काट दिहल गइल। सूत्रन के मोताबिक एसे नाराज होके उपेंद्र कुशवाहा दिल्ली पहुंच गइल बाड़े। ऊ मंत्रियन के शपथग्रहण समारोह में सामिल ना होइहें। ओइसे मीडिया में दिहल बयान में ऊ कहले कि ऊ कवनो बात के लेके नाराज नइखें। उनका पार्टी में जवन जिम्मेदारी मिलल बा, ओकरा से खुस बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]