[the_ad_group id="30365"]

Lok Sabha Chunav Result : कंगना रनौत मंडी से जीत की ओर बढ़ रहल बाड़ी, जानीं बाकी फिल्म स्टार के हालत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोकसभा चुनव रिजल्ट : बॉलीवुड के दिग्गज अभिनेत्री कंगना रनौत से लेके भोजपुरी सुपरस्टार रवि किशन आ मनोज तिवारी तक के लोकसभा चुनाव 2024 में कई गो फिल्म स्टार आपन किस्मत आजमावत बाड़े, काहे कि वोट के गिनती शुरू हो गइल बा आ ट्रेंड भी आवे लागल बा तs चलीं हम बतावत बानी कि अबकी बेर फिल्म स्टारन के हालत कइसन बा?

लोकसभा चुनाव 2024 में भी कई गो फिल्मी सितारन के नाम शामिल बा, जे अबकी आपन किस्मत आजमावत बाड़े। बॉलीवुड के मशहूर अभिनेत्री कंगना रनौत पहिला बेर चुनावी मैदान में उतरल बाड़ी आ हिमाचल प्रदेश के मंडी से भाजपा सीट पर चुनाव लड़ल बाड़ी । साथही वोट के गिनती शुरू हो गइल बा आ ट्रेंड भी आवे लागल बा, तs बताईं कि फिल्म सितारन के हालत का बा?

 मनोज तिवारी : भोजपुरी के सुपरस्टार मनोज तिवारी पूर्वोत्तर दिल्ली लोकसभा सीट से भाजपा खातिर खड़ा बाड़े। शुरुआती रुझान में मनोज तिवारी 81020 वोट से आगे बाड़े, जबकि कांग्रेस के कन्हैया कुमार 55516 वोट के संगे दूसरा स्थान पs बाड़े।

रवि किशन : भोजपुरी मेगास्टार रवि किशन गोरखपुर से भाजपा खातिर लोकसभा चुनाव लड़त बाड़े। गोरखपुर नगर विधानसभा के शुरुआती रुझान में उ 91397 वोट से आगे बाड़े, जबकि समाजवादी पार्टी के काजल निषाद 75015 वोट के संगे दूसरा स्थान पs बाड़ी।

कंगना रनौत : हिमाचल प्रदेश के मंडी लोकसभा सीट से बॉलीवुड के मशहूर अभिनेत्री कंगना रनौत भाजपा खातिर चुनाव लड़ली। एह सीट पर ऊ 192183 वोट से आगे बाड़ी जबकि कांग्रेस के विक्रमादित्य सिंह 167119 वोट से दुसरका जगहा पर बाड़न ।

 अरुण गोविल : भाजपा के मेरठ लोकसभा सीट से दिग्गज अभिनेता अरुण गोविल खड़ा बाड़े, आ शुरुआती रुझान में उ 95958 वोट से आगे बाड़े, जबकि समाजवादी पार्टी के सुनीता वर्मा 66481 वोट के संगे दूसरा स्थान पs बाड़ी।

हेमा मालिनी : मथुरा लोकसभा सीट से भाजपा खातिर चुनाव लड़े वाली हेमा मालिनी शुरुआती रुझान में 118925 वोट से आगे बाड़ी, जबकि कांग्रेस के मुकेश धनगर 40060 वोट के संगे दूसरा स्थान पs बाड़े।

 दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ : भोजपुरी फिल्मन में निरहुआ के नाम से मशहूर दिनेशलाल यादव आजमगढ़ लोकसभा सीट से भाजपा खातिर खड़ा बाड़न बाकिर एहिजा समाजवादी पार्टी के धर्मेन्द्र यादव 37245 वोट से अग्रणी बाड़न जबकि निरहुआ 21883 वोट से दुसरका जगहा पर बाड़न।

पवन सिंह : भोजपुरिया पावर स्टार पवन सिंह काराकाट लोकसभा सीट से निर्दलीय उम्मीदवार के रूप में चुनाव लड़ले  बाड़न। एह सीट पर ऊ 14335 वोट से तिसरका जगहा पर बाड़न जबकि राजा राम सिंह (सीपीआईएमएलएल) 20729 वोट से आगे बाड़न ।

शत्रुघ्न सिन्हा : पश्चिम बंगाल के आसनसोल लोकसभा सीट से ममता बनर्जी के पार्टी तृणमूल कांग्रेस खातिर बॉलीवुड के दिग्गज अभिनेता शत्रुघ्न सिन्हा खड़ा बाड़े, बाकी फिलहाल ए सीट प भाजपा के सुरेंद्रजीत सिंह अहलुवालिया 84983 वोट के संगे आगे बाड़े।

सुरेश गोपी : मलयालम फिल्म के दिग्गज अभिनेता सुरेश गोपी केरल के त्रिशूर से भाजपा खातिर खड़ा बाड़े आ ए सीट से ऊ 143321 वोट से आगे बाड़े।

राज बब्बर : हरियाणा के गुरुग्राम सीट से कांग्रेस टिकट पर राज बब्बर चुनाव लड़ रहे हैं। एह सीट से ऊ 124645 वोट से आगे बाड़न ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]