Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bandipora Encounter: बंदीपोरा में आतंकियन आ सुरक्षाबलन के बीच मुठभेड़, एगो आतंकी ढेर; ऑपरेशन जारी

111

जम्मू कश्मीर में मंगर के अलूसा बांदीपोरा के जेत्सुन जंगल क्षेत्र में आतंकवादियन आ सुरक्षा बलन के बीच मुठभेड़ सुरू हो गइल बा। सूत्रन से मिलल जानकारी के अनुसार सुरूआती गोलीबारी में एगो आतंकवादी के ढेर कs दिहल गइल बा। मुठभेड़ जारी बा आ अब बांदीपोरा के चूंटपथरी क्षेत्र में एकर प्रभाव दिखाई दे रहल बा। पुलिस बांदीपोरा आ 26 असम राइफल्स के संयुक्त टीम एह संयुक्त अभियान में सामिल बा। सुरक्षाबल पूरा इलाका के घेराबंदी कs देले बा लो। एह बात के आशंका जतावल जा रहल बा कि कुछ आउर आतंकी एह क्षेत्र में हो सकत बा लो।

अतवार के ग्रेनेड से भइल रहे हमला

एकरा पहिले अतवार के जम्मू-कश्मीर के श्रीनगर में एगो आउर आतंकी हमला के घटना सामने आइल रहे, जब आतंकी संडे बाजार के एगो भीड़-भाड़ वाला इलाका में ग्रेनेड से हमला कइले रहलें सs। एह हमला में 12 लोग घायल हो गइल रहे, जेकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल रहे। अधिकारियन के अनुसार, आतंकवादी टीआरसी के लगे एगो भरल बाजार में ग्रेनेड फेंकले रहलें सs, जवना से इलाका में अफरा-तफरी मच गइल।

सुरक्षा बल अब अब बदल देले बा आपन रणनीति

आतंकी हमलन के बढ़त घटना खाली स्थानीय निवासिये ना बलुक पर्यटक आ बेयपारियन में डर आ अनिश्चितता के माहौल बना देले बा। सुरक्षा बलन के ओर से एह हमलन से निपटे खातिर कठोर कदम उठावल जा रहल बा, बाकिर एह प्रकार के घटना क्षेत्र में तनाव के कारण बनल बा।

लोगन के मुख्यधारा में सामिल होखल, पाक आ आतंकियन के खल रहल बा

कश्मीर के लोग मुख्यधारा में सामिल हो रहल बा। ऊ देस के संगे चल रहल बा लो। चाहे सरकारी योजना के लाभ लेवे के होखे भा सरकार के फैसलन से सहमत होखे के होखे। हर जगह कश्मीरी देस के लोकतंत्र आ सांविधानिक तरीका से होखे वाला कामन में सामिल हो रहल बा लो। चुनावन में 80 फीसदी मतदान कs के कश्मीर के लोग खुद के देस के हिस्सा साबित कइले बा लो। पाकिस्तान एही के खुन्नस निकाल रहल बाड़ें सs। कश्मीरियन के डरावे के प्रयास कs रहल बाड़ें। रक्षा विशेषज्ञ मानत बा लो कि श्रीनगर में आतंकी हमला बढ़ल एकर बड़ा कारण बा। इहे ना, आतंकी वारदातन में स्थानीय आतंकियन के ना होखल पाकिस्तान के चुभ रहल बा। एहिसे आतंकी वारदात खातिर पाकिस्तान से आतंकियन के भेजल गइल बा। पूर्व डीजीपी एसपी वैद के कहनाम बा कि पाकिस्तान हताश आ परेसान बा लो। एकरा कारण कश्मीरियन के भारत पs बनत विश्वास बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.