संसदीय कार्य मंत्री किरेन रिजिजू बतवलें बाड़ें कि संसद के शीतकालीन सत्र 25 नवंबर से सुरू होई। ऊ बतवलें कि संसद सत्र 20 दिसंबर, 2024 तक चली। सत्र के सुरुआत लोकसभा आ राज्यसभा के संयुक्त सत्र में राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू के अभिभाषण से होई। लगभग तीन हफ्ता के सत्र के दौरान भारत आ चीन के बीच सीमा पs भइल गश्ती समझौता पs बिदेस मंत्री सदन के पटल पs बयानो दे सकत बाड़ें।
संसदीय कार्य मंत्री किरेन रिजिजू बतवलें कि संसद के शीतकालीन सत्र 25 नवंबर से 20 दिसंबर तक आयोजित कइल जाई। सत्र के सुरुआत में परंपरागत तरीका से राष्ट्रपति के अभिभाषण से होई। एकरा अलावे शीतकालीन सत्र में संसद के दुनो सदनन में कइयन अहम विधेयकन पs विचार कइल जा सकत बा। खबरन के मोताबिक सरकार ‘एगो देस एगो चुनाव’ के मुद्दा पs चरचा करा सकत बिया। संसदीय परिपाटी के मोताबिक संसद सत्र के पहिले सदन के कार्यवाही सुचारू रूप से चलावल जा सके, ई सुनिश्चित करे खातिर सरकार आ लोकसभा स्पीकर सर्वदलीय बइठको कs सकत बा लो।
संसद में कवना मुद्दन पs चरचा के आसार
एकरा पहिले दु नवंबर के आइल सूचना के मोताबिक संसद के शीतकालीन सत्र में ‘वन नेशन वन इलेक्शन’ आ वक्फ कानून में संशोधन खातिर पेश विधेयक पs चरचा के आसार बा। विपक्ष के आक्रामक तेवरन के देखत आवे वाला शीतकालीन सत्र के बहुत हंगामेदार रहला के आसार बा। गौर करे वाला बात बा कि ‘वन नेशन वन इलेक्शन’ के प्रस्ताव के कैबिनेट से मंजूरी मिल चुकल बा। अब शीतकालीन सत्र में विधेयक पारित करावे पs जोर दिहल जाई।
केंद्रीय कक्ष में विशेष बैठक के आयोजन
सरकारी सूत्रन के मोताबिक 26 नवंबर के संविधान के 75वीं वर्षगांठ पs पुरनका संसद भवन के केंद्रीय कक्ष में विशेष संयुक्त बैठक के आयोजन कइल जाई। संविधान के महत्व के रेखांकित करे खातिर सरकार व्यापक योजना बनवले बिया। एकरा तहत कइयन गो भित्त चित्र के निर्माण, संविधान सभा के बहसन के लगभग दु दर्जन भाषा में अनुवाद कइल आ सार्वजनिक मार्च के आयोजन जइसन कार्यक्रम सामिल बा। ई आयोजन अइसन समय में होखे जा रहल बा जब सरकार आ विपक्ष के बीच संविधान रक्षक बने आ एक दूसरा के संविधान विरोधी साबित करे के होड़ मचल बा।
जेपीसी रिपोर्ट तइयार करे में जुटल
सत्र के दौरान हालांकि कइयन गो विधेयक पेश कइल जाई, बाकिर सबकर निगाह वक्फ विधेयक आ एगो देस एगो चुनाव विधेयक पs होई। वक्फ विधेयक पs सरकार आ विपक्ष के बीच जारी जबरदस्त खींचतान के बीच संयुक्त संसदीय समिति (JPC) रिपोर्ट तइयार करे में जुटल बिया। दूसरका ओर एगो देस एक चुनाव के प्रस्ताव के केंद्रीय मंत्रिमंडल के मंजूरी मिल चुकल बा। दुनो विधेयकन के विपक्ष लगातार विरोध कs रहल बा।
चीन से समझौता पs बिदेस मंत्री दिहे बयान
वास्तविक नियंत्रण रेखा पs करीब चार साल से जारी तनातनी के बीच चीन से बनल सहमति पs बिदेस मंत्री एस जयशंकर संसद के दुनु सदनन में बयान दिहे। गौर करे वाला बात बा कि लमहर खींचतान के बाद एलएसी पs दुनो देसन के सेना गश्त के सुरुआत कइले बा। एकरा अलावे एही सत्र में जम्मू कश्मीर के पूर्ण राज्य के दरजा देवे संबंधी विधेयक के पेश होखे के आसार बा।