[the_ad_group id="30365"]

बिहार कोकिला के नाम से मशहूर शारदा सिन्हा के निधन: छठ गीतन से मशहूर रहली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली AIIMS में भरती लोक गायिका शारदा सिन्हा के मंगर के निधन हो गइल। बिहान सांझ से उनका के वेंटिलेटर पs रखल गइल रहे। तबीयत बिगड़ला के बाद 26 अक्टूबर के उनका के एम्स में भरती कइल गइल रहे। ऊ आईसीयू में रहली। 3 नवंबर के हालत में तनिका सुधार होखला पs वार्ड में शिफ्ट कइल गइल रहे। बाकिर 4 नंवबर के सांझ के उनकर ऑक्सीजन लेवल बहुते गिर गइल रहे, जवना के बाद से ऊ वेंटिलेटर पs रहली।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज शारदा सिन्हा के बेटा अंशुमान सिन्हा से आज फोन पs बात कइले रहस। ऊ शारदा सिन्हा के स्वास्थ्य के बारे में जानकारी लेले रहस।

ओहिजा, आज केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह शारदा सिन्हा के स्वास्थ्य के बारे में जानकारी लेवे खातिर दिल्ली एम्स पहुंचल रहलें। इहां ऊ बिहार कोकिला के परिजनन आ डॉक्टरन से मुलाकात कइले रहस। एकरा पहिले काल्ह सांझ केंद्रीय मंत्री चिराग पासवान बिहार कोकिला से मिले दिल्ली एम्स पहुंचल रहस।

26 अक्टूबर से AIIMS में भरती रही

शारदा सिन्हा के तीन नवंबर के प्राइवेट वार्ड में शिफ्ट कइल गइल रहे। उनकर ऑक्सीजन लेवल कम होत रहे, जवना कारण उनका के फेर से 4 नवंबर के ICU में शिफ्ट कइल गइल। पिछला 11 दिनन से ऊ दिल्ली AIIMS में भरती रहली।

तबीयत जादे बिगड़ला पs उनका के मेडिकल आंकोलॉजी वार्ड में भरती करावल गइल रहे। उनका काफी समय से खाये-पीये में दिक्कत होत रहे, जवना खातिर उनकर इलाजो चलत रहे। 26 अक्टूबर के सबेरे उनकर तबीयत बहुत जादे खराब हो गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]