[the_ad_group id="30365"]

75वाँ अमृत महोत्सव: पीएम मोदी बोलनें- 2014 के बाद मेडिकल कॉलेजन के संख्या में भइल 65% से ज्यादा के बढ़ोतरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शनिचर के स्वामीनारायण गुरुकुल राजकोट संस्थान के 75वें ‘अमृत महोत्सव’ के वीडियो के कांन्फ्रेंसिंग के जरिये संबोधित कइलें। ऊ अपने संबोधन में कई अहम मुद्दा पर चर्चा कइलें। पीएम मोदी स्वामीनारायण गुरुकुल के 75 साल के यात्रा पूरा होखले के अवसर पर बधाई देत कहनें कि देश आजाद होखले के बाद हमनी पs जिम्मेदारी रहल कि शिक्षा के क्षेत्र में हम अपने प्राचीन वैभव अउर महान गौरव के पुनर्जीवित करीं के। स्वामीनारायण गुरुकुल एही गौरव के उत्कृष्ट उदहारण ह।

गुरुकुल में छात्र के मन-मस्तिष्क के अच्छे विचारन अउर मूल्य से सींचल जाला: पीएम मोदी

श्री स्वामीनारायण गुरुकुल राजकोट के यात्रा के 75 बरिस के कालखंड में पूरा हो रहल बा, जब देश अपने आजादी के 75 वर्ष मना रहल बा। एह गुरुकुल में छात्रन के मन-मस्तिष्क के निम्मन विचार अउर मूल्य से सींचल जाला, ताकि उनकर समग्र विकास हो सके। जौने बेरा में दुनिया के दूसरे देश के पहचान उहां के राज्य अउर राज-कुल से होत रहे, तब भारत के भारतभूमि के गुरुकुल से पहिचानल जात रहे। खोज अउर शोध भारत के जीवन पद्धति के हिस्सा रहल। नालंदा अउर तक्षशिला जइसे विश्वविद्यालय हमनी के गुरुकुल परंपरा के वैश्विक वैभव के पर्याय बा।

हमके खुशी बा कि ‘स्वामीनारायण गुरुकुल’ ‘कन्या गुरुकुल’के शुरुआत कs रहल बा: पीएम मोदी

जब विश्व में लैंगिक समानता जइसन शब्द के जनम नाइ भइल रहे, ओह समय हमनी इहां गार्गी अउर मैत्रेयी जइसन विदुषी महिला लोग शास्त्रार्थ करत रहली। महृषि वाल्मीकि के आश्रम में आत्रेयी भी पढ़त रहली। हमके खुशी बा कि स्वामीनारायण गुरुकुल एह पुरातन परंपरा के, आधुनिक भारत के आगे बढ़ावे खातिर ‘कन्या गुरुकुल’ के शुरुआत कs रहल बा। हम एकरे खातिर रउआ सभन के आपन शुभकामना देतनीं।

2014 के बाद मेडिकल कॉलेज के संख्या में 65% से जेयादा के भइल बढ़ोतरी

पीएम मोदी कहनें कि आजु नई राष्ट्रीय शिक्षा नीति के माध्यम से देश पहिला बेर ओ शिक्षा व्यवस्था के तइयार कs रहल बा जौन दूरदर्शी बा। ऊ कहनें कि 2014 के बाद मेडिकल कॉलेजन के संख्या में 65% से ज्यादा के बढ़ोतरी भइल बा। नई राष्ट्रीय शिक्षा नीति के जरिए देश पहिला बेर ओ शिक्षा व्यवस्था के तइयार कs रहल बा जौन कि दूरदर्शी ह। शून्य से अनंत तक, हमनी के हर क्षेत्र में शोध कइनीं जा, नयका निष्कर्ष निकलनीं जा अउर आजु आजादी के एह अमृतकाल में देश, एजुकेशन इनफ्रास्ट्रक्चर होखे चाहे एजुकेशन पॉलिसी… हर स्तर पs काम कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]