[the_ad_group id="30365"]

BSSC PT Exam Cancelled: बीएसएससी पीटी के पहिला पारी के परीक्षा रद्द, ई रहल वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

BSSC PT Exam 2022 Cancelled: बिहार कर्मचारी चयन आयोग (BSSC) के ओर से आयोजित तृतीय स्नातक स्तरीय संयुक्त प्रारंभिक प्रतियोगिता परीक्षा के पहिला पारी के परीक्षा रद्द कs दिहल गइल बा। बीएसएससी के ओर से जारी अधिसूचना के अनुसार, आयोग विज्ञापन संख्या 01/22 के तहत 23 दिसंबर के दु चरण में आ 24 दिसंबर के एक चरण में राज्य के 38 जिलन के 528 परीक्षा केंद्रन पs परीक्षा के आयोजन कइल गइल रहे।

वॉट्सएप पs प्रसारित भइल रहे पेपर

एह दौरान 23 दिसंबर के पहिला पारी के परीक्षा के दौरान प्रश्न-पत्र के कुछ पन्ना वॉट्सएप्प पs प्रसारित भइल रहे, जवन कि जांच में आधिकारिक प्रश्न-पत्र के समान पावल गइल। एहिसे उक्त पारी के परीक्षा के रद करे के निर्णय लिहल गइल। एह संबंध में आयोग के ओर से आर्थिक अपराध इकाई, पटना के सूचना देके तत्काल जांच सुरू करवावल गइल बा। संगही 23 दिसंबर के पहिला पारी माने सबेरे 10 बजे से दुपहर 12 बजे तक आयोजित परीक्षा के रद्द करे के का निर्णय कइल गइल बा।

45 दिन के भीतर दोबारा आयोजित होई परीक्षा

आयोग अधिसूचना में कहले बा कि 23 दिसंबर के पहिला पारी माने सबेरे 10 बजे से दुपहरिया 12 बजे तक आयोजित परीक्षा में सामिल रहल उम्मीदवारन खातिर दोबारा परीक्षा के आयोजन अगिला 45 दिन के भीतर कइल जाई। उम्मीदवार धेयान दीं कि खाली 23 दिसंबर के पहिला पारी के परीक्षा निरस्त कइल गइल बा।

नया परीक्षा कार्यक्रम वेबसाइट पs होई जारी

बिहार कर्मचारी चयन आयोग के ओर से कहल गइल बा कि बाकी आउर पारी में आयोजित परीक्षा के प्रश्न-पत्र के उत्तर पुस्तिकन के जांच पूर्व निर्धारित नियम आ समय के मोताबिक होई। आउर पारी के परीक्षा के लेके केहू के बहकावा में मत आई आर अफवाहन पs धेयान मत दीं। आयोग के ओर से जल्दिये अपना आधिकारिक वेबसाइट पs परीक्षा के नया कार्यक्रम जारी कइल जाई। संबंधित अधिका जानकारी खातिर आधिकारिक वेबसाइट पs नजर बनवले रखीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]