[the_ad_group id="30365"]

पंजवार कॉलेज परिसर में नव चेतना सामान्य ज्ञान प्रतियोगिता के आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कर्मयोगी घनश्याम शुक्ला पुण्यतिथि पs आयोजित तीन दिवसीय कार्यक्रम के दूसरे दिन नवचेतना सामान्य ज्ञान प्रतियोगिता के मुख्य मंचीय कार्यक्रम आयोजित कइल गइल। एह कार्यक्रम के उद्घाटन स्थानीय विधायक हरिशंकर यादव द्वारा कइल गइल।

सबसे पहिले जूनियर ग्रुप के प्रतियोगिता शुरू भइल। दिल्ली विश्वविद्यालय के छात्रा निधि क्विज मास्टर रहली। एहमें आदित्य कुमार यादव प्रथम, शाश्वत सत्यम द्वितीय, आनंद कुमार दुबे तृतीय, शुभम कुमार सिंह चौथा, पलक कुमारी पंचम अउर दिव्यांशु कुमार छठवे स्थान पर रहनें।

उहवें सीनियर ग्रुप में आदित्य शाह प्रथम, आदित्य द्वितीय, सुरभि कुमारी तृतीय, आनंद कुमार दुबे चौथे, खुशबू कुमारी पाँचवें अउर उज्जवल सिंह छठवें स्थान पर रहनें। सीनियर ग्रुप क्विज मास्टर बीएचयू में छात्र रमेश कुमार दुबे रहनें।

मौका पर आईएएस के निदेशक गणेश पाठक विद्यार्थियन के प्रेरित करत कहनें कि लगातार परिश्रम, धैर्य अउर एकनिष्ठ समर्पण से कौनो भी लक्ष्य हासिल कइल जा सकsता। एकरे 1 दिन पहिले बालिका लोग के खेल प्रतिस्पर्धा में लगभग पंद्रह सौ छात्रा लोग भाग लिहल। एह अनूठे आयोजन में 15 से अधिक इवेंट होत बा।

23 दिसंबर शुक्क के उनके मूर्ति के अनावरण नर्मदा बचाओ आंदोलन के नेता मेधा पाटेकर के हाथ से होखे के बा। मेधा पाटेकर पहिलहू एक बेर पंजवार आ चुकल बाड़ी। ऊ सामाजिक अउर शैक्षणिक कार्य से बहुत प्रभावित रहली। आजु के दिन एह इलाका के हजारों विद्यार्थी घनश्याम के स्मृति में एगो विशाल प्रभात फेरी निकलिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]