[the_ad_group id="30365"]

केंद्रीय विद्यालय: बाल वाटिका के ऑनलाइन उद्घाटन करिहें केंद्रीय शिक्षा मंत्री, अब ले 100 सीट भरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय विद्यालय नंबर-एक एयरफोर्स समेत देश के चुनिंदा 50 केंद्रीय विद्यालयन में नई शिक्षा नीति-2020 के अंतर्गत संचालित बाल वाटिका के ऑनलाइन उद्घाटन बियफ़े केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान करिहें। अब, एलकेजी अउर यूकेजी के जगह बाल वाटिका प्रथम, द्वितीय अउर तृतीय के पढ़ाई होई।

पांच साल से छोट आयु के बचवन के प्रवेश सत्र 2022-23 में बाल वाटिका में होई। केवी नंबर एक एयरफोर्स में 120 सीट पर अभ्यर्थियन के दाखिला लिहल जाए के बा। एकरे अंतर्गत 100 से अधिक सीट पर प्रवेश के प्रक्रिया पूरा हो गइल बा। हालांकि, एह कक्षा में दाखिला खातिर सिंगल गर्ल चाइल्ड कोटा के केवीएस समाप्त कs देहले बा।  प्रवेश से जुड़ल विस्तृत जानकारी http://no1gorakhpur.kvs.ac.in पर हासिल कइल जा सकsता।

10 अक्तूबर ले मंगावल गइल रहे ऑनलाइन आवेदन

बाल वाटिका में प्रवेश खातिर तीन से छह साल तक के बचवन से 10 अक्तूबर ले ऑनलाइन आवेदन मंगावल गइल रहे। 159 अभ्यर्थी लोग आवेदन कइल। जेकरे बाद मेरिट के अनुसार दाखिला प्रक्रिया के पूरा करावल गइल। बाल वाटिका में बचवन के कॉपी-किताब के जगह ऑडियो वीडियो के मदद से प्रेरणादायी कहानी सुना के पढ़े खातिर प्रेरित कइल जाई।

तीन वर्ग में चची कक्षा

केंद्रीय विद्यालयन में चले वाला बाल वाटिका में तीन वर्ग में दाखिला लिहल जाई। बाल वाटिका एक में 3 साल, बाल वाटिका 2 में 4 साल अउर बाल वाटिका तीन में पांच साल के आयु पूरा करे वाले बचवन के प्रवेश होई। फिलहाल, बाल वाटिका एक में प्रवेश खातिर ऑनलाइन आवेदन मंगावल गइल रहल।

केंद्रीय विद्यालय नंबर एक एयरफोर्स समेत देश के चुनिंदा 50 केंद्रीय विद्यालयन में नई शिक्षा नीति के अंतर्गत संचालित होखे वाली बाल वाटिका के ऑनलाइन उद्घाटन बियफ़े के होई। ऑनलाइन लिंक के माध्यम से कार्यक्रम से जुड़ले के निर्देश मिलल बा। : एसके श्रीवास्तव, प्रधानाचार्य, केवी नंबर एक एयरफोर्स

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]