[the_ad_group id="30365"]

जवान बेटा के भइल सड़क दुर्घटना में मौत, अब लोग के हेलमेट खातिर करेने सचेत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के गुलरिहा के रसूलपुर निवासी 55 साल के श्रीकांत ने सड़क हादसा में अपने दू जवान बेटा विनय पाल सिंह अउर अजय सिंह के खो चुकल बानें। दूनों लोग मोटरसाइकिल चलावत समय हेलमेट नाइ लगवले रहल। दू जवान बेटवन के कंधा देहले के दर्द श्रीकांत के ए कदर झकझोरलें कि अब ऊ सबके हेलमेट लगावे खातिर टोकत अउर सलाह देत रहेंने।

बिना हेलमेट लगवले बाइक चला रहल बेटा विनय पाल सिंह के हादसा में जान गइल, त श्रीकांत दूसरे बेटे अजय के हेलमेट खातिर टोकत रहनें। लेकिन, जौने दिन अजय के हादसा भइल, ऊ हेलमेट लगावल भुला गइनें, जेसे उनकर जान चल गइल। श्रीकांत अब केहू के बाइक पर बिना हेलमेट लगवले देख लेने, त तुरंत टोकेने। कई बेर उनके एकरे खातिर खरी-खोटी भी सुने के पड़sला।

एही तरह के कई परिवार बा जिनकर खुशी सड़क हादसा खतम कs दिहलस। घर के चिराग बुता गइले से कइयन के जिंदगी भर के दर्द अउर अफसोस मिलल बा। जनवरी से 30 अक्तूबर 2022 ले गोरखपुर मंडल (गोरखपुर, देवरिया, कुशीनगर, महराजगंज) में 1,024 सड़क हादसा भइल बा, जेमें 430 लोग जान गंवा दिहल। एह हादसन में 287 बाइक सवार रहनें जिनके मौत के वजह मूड़ी में लागल चोट बन गइल।

दस महीना में भइल सड़क हादसा

कुल हादसा – 1,024
हादसन में मौत – 430
सिर पर लागल चोट से मौत – 287
घायलन के संख्या – 653
केस दर्ज – 998

ई बा जिला के एक्सीडेंट स्पॉट

जिला में कोनी तिराहा, मोतीराम अड्डा, दुबियारी पुल, फुटहवा, सतहवां ढाला, बदुरिहा, कुसम्ही जंगल, सिक्टौर, रामनगर कड़जहां, छताई पुल, बरहुआ, एकला तोड़, कसिहार, गीडा कालेसर जीरो प्वाइंट, बोक्टा, भीटी रावत, महानखोर, पादरी बाजार चौराहा, भटहट सहित 50 स्पॉट चिन्हाइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]