[the_ad_group id="30365"]

Ranchi: जाकिर हुसैन पार्क, गुदरी बाजार के संगे वेंडर मार्केट के 7 दुकानन के होई ओपन टेंडर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रांची : राजभवन के लगे स्थित डॉ. जाकिर हुसैन पार्क के संचालन खातिर रांची नगर निगम ओपन टेंडर निकलले बा। एकरा तहत 2 सितंबर के टेंडर खुली। डॉ. जाकिर हुसैन पार्क के संचालन खातिर सुरुआती प्राइस 2.88 लाख रुपिया निर्धारित कइल गइल बा। एकरा अलावे गुदरी बाजारो के टेंडर निकालल गइल बा। जबकि, संगही वेंडर मार्केट के सात दुकानन के टेंडर होई। गुदरी बाजार के टेंडर के सुरुआती बोली 90850 रुपिया निर्धारित कइल गइल बा। जबकि, दुकानन के स्कॉयर फीट के अनुसार रेट तय कइल गइल बा।

छव साल से बंद रहे जाकिर हुसैन पार्क

राजधानी के राजभवन के लगे स्थित डॉ. जाकिर हुसैन पार्क बीतल 6 साल से बंद रहे। बीतला साल आजादी के अमृत महोत्सव के 75 घंटा चैलेंज के तहत 3 अक्टूबर 2021 से 5 अक्टूबर के बीच रांची नगर निगम ने एकर कायाकल्प कs देलस। ओकरा बाद आम लोगन खातिर एकरा के खोल दिहल गइल। पार्क में पहिले आम लोगन के इंट्री पs शुल्क ना लागत रहे। बाकिर टेंडर के बाद लोगन के एंट्री फीस देवे के होई।

वेंडर मार्केट के एह दुकानन के होई टेंडर

दुकान नंबर-स्क. फीट-स्टार्टिंग रेट

18-156-6240

22-126-5040

54-180-7200

70-169-6760

72-169-6760

101-143-5720

104-126-5040

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]