[the_ad_group id="30365"]

अमिताभ बच्चन भइलें कोविड पॉजिटिव : वैक्सीनेटेड होखले के बावजूद दूसरा बेर भइल कोरोना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड के महानायक अमिताभ बच्चन फेर एक बेर कोविड पॉजिटिव हो गइल बानें। एह बात के जानकारी खुद बिग बी ट्विटर के जरिए देहलें। संगही उ करीब रहल लोग से टेस्ट करववलें के अपील भी कइलें। अमिताभ 79 साल के बानें अउरी दुसरका बेर संक्रमण के चपेट में आइल बानें।

अमिताभ बच्चन देर रात ट्वीट करत लिखलें, ‘हम अभिन कोविड पॉजिटिव हो गइल बानीं। ऊ लोग जे हमरे संगे चाहे आस-पास रहल बानें, ऊ कृप्या आपन टेस्ट करवा लेंवें’। बिग बी के ट्वीट सोझे अइतही फैंस उनके जल्दी ठीक होखले के दुआ करत कमेंट कs रहल बानें।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]