[the_ad_group id="30365"]

68 हजार एनएचएम कर्मियन के मिली सामूहिक बीमा के लाभ, दिहल गइल 80 करोड़ रुपया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में राष्ट्रीय स्वास्थ्य मिशन के तहत कार्यरत 68 हजार कर्मियन के सामूहिक बीमा योजना के लाभ मिली। एकरे खातिर एनएचएम के 80 करोड़ रुपया के बजट मिलल रहे। एह योजना के लागू करे के कवायद शुरू हो गइल बा। सब सीएमओ के निर्देश दिहल गइल कि मानव संपदा पोर्टल पर छूटल कर्मियन के नाम 30 नवंबर ले अपडेट कs दिहल जाई।

प्रदेश में अभीन ले राष्ट्रीय स्वास्थ्य मिशन के तहत 68 हजार चार सौ 69 कर्मचारी कार्यरत रहनें। एहमें नर्सिंग, लैब टेक्नीशियन, अटेंडेंट आदि शामिल बा। अब एह सब के सामूहिक बीमा पालिसी के लाभ दिहल जाई। एनएचएम निदेशक सब सीएमओ के जिलेवार संख्या भेजले बानें।

एहमें निर्देश दिहल गइल बा कि अगर उनके जिला में सूची के अतिरिक्त कौनो कर्मचारी कार्यरत बा, त मानव संपदा पोर्टल पर 30 नवंबर ले उनकर नाम अपडेट कs देईं ताकि बीमा पालिसी में शामिल कइल जा सके। कर्मचारियन के बीमा पालिसी में केतना रुपया ले के सुविधा मिली। अभीन एकर विवरण जारी नाइ कइल गइल बा।

मालूम होखे कि बीमा पालिसी लागू करे के मांग के ले के एनएचएम कर्मी कई बेर धरना-प्रदर्शन भी कs चुकल बा। केंद्र सरकार के ओर से वर्ष 2018 में ही एह योजना के लागू करे के निर्देश दिहल गइल रहे, लेकिन अभीन ले प्रदेश में ई योजना लागू नाइ हो पवलस।

पांच लाख तक के इलाज के सुविधा मिलल

राष्ट्रीय स्वास्थ्य मिशन कर्मचारी संघ के महामंत्री योगेश उपाध्याय बतवलें कि मिशन के अफसरन के साथ भइल संघ के बैठक में पांच लाख ले इलाज के सुविधा देहले के मांग कइल गइल बा। एही तरे दुर्घटना होखले पs अपंगता के आधार पर मूल्यांकन कs के आर्थिक सहयोग, मृत्यु होखले पर आर्थिक सहयोग आदि के भी बीमा के दायरा में लवले के मांग कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]