[the_ad_group id="30365"]

रोहतास के लोग के बड़ सौगात, गडकरी सोन नदी पर 2-लेन एलिवेटेड ब्रिज के कइलें शिलान्यास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी सोमार के 210 करोड़ रुपया के लागत से बिहार के रोहतास में सोन नदी पर पांडुका के लग्गे 1.5 किलोमीटर लमहर 2-लेन के एलिवेटेड आरसीसी पुल के शिलान्यास कइलें। एह पुल के शिलान्यास उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव, बिहार भाजपा अध्यक्ष संजय जायसवाल, छेदी पासवान, विष्णु दयाल राम, बिहार सरकार के मंत्री अउर सांसद, विधायकन अउर अधिकारियन के उपस्थिति में कइल गइल।

चार राज्यन के बीच यातायात होई आसान

एह अवसर पर गडकरी कहनें कि एह पुल के निर्माण से एनएच-19 अउर एनएच-39 सीधे जुड़ जाई, जेसे बिहार, झारखंड, उत्तर प्रदेश अउर छत्तीसगढ़ के बीच यातायात सुगम होई। ऊ कहनें कि वर्तमान में रोहतास जिला के पांडुका अउर झारखंड के गढ़वा जिला से श्रीनगर पहुंचे खातिर 150 किलोमीटर के दूरी तय करे के पड़sला, एह पुल के बनले से ए यात्रा में चार घंटा के बचत होई। ऊ कहनें कि डेहरी पुल पर भी ट्रैफिक के दबाव कम होई अउर औरंगाबाद अउर सासाराम शहर के जाम के समस्या से छूट्टी मिल सकी। मंत्री कहलें कि पांडुका क्षेत्र में एह पुल के बनले से आस-पास के क्षेत्र अउर राज्य के औद्योगिक अउर कृषि अउर डेयरी उत्पाद के बाजार ले पहुंचले में आसानी होई। ऊ कहनें कि एसे समय अउर ईंधन के भी बचत होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]