Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Doha Diamond League में भारत के बजल डंका, Neeraj Chopra 88.67 मीटर भाला फेंक हासिल कइलें जीत

Neeraj Chopra के व्यक्तिगत सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन 89.94 मीटर हs जवन राष्ट्रीय रिकॉर्ड बा। नीरज 2018 में दोहा डायमंड लीग में 87.43 मीटर भाला फेंकलें रहस। ऊ चउथा स्थान पs रहल रहस। नीरज चोपड़ा पिछला साल एह टूर्नामेंट में हिस्सा ना ले सकल रहस।

2,143

ओलंपिक चैम्पियन जेवलिन थ्रोअर (Javelin Throw) नीरज चोपड़ा (Neeraj Chopra) सुक के दोहा डायमंड लीग 2023 (Doha Diamond League 2023) में सानदार जीत हासिल कइलें। पहिला चरण में नीरज चोपड़ा पहिलके प्रयास में 88.67 मीटर थ्रो कs के करियर के चउथा सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन कइलें। नीरज चोपड़ा पहिला स्थान पs रहलें। ओहिजा, चेक गणराज्य के जैकब वडलेज्च 88.63 मीटर के साथे दूसरा स्थान पs रहलें। जबकि, ग्रेनाडा के एंडरसन पीटर्स 85.88 मीटर के संगे तीसरा स्थान पs रहलें।

गौर करे वाला बात बा कि नीरज चोपड़ा के व्यक्तिगत सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन 89.94 मीटर हs जवन राष्ट्रीय रिकॉर्ड बा। नीरज 2018 में दोहा डायमंड लीग में 87.43 मीटर भाला फेंकले रहस। ऊ चउथा स्थान पs रहल रहलें थे। नीरज चोपड़ा पिछला साल एह टूर्नामेंट में हिस्सा ना ले सकल रहस। ऊ पिछला सितंबर में ज्यूरिख में 2022 ग्रैंड फिनाले जीतला के बाद डायमंड लीग चैंपियन बने वाला पहिला भारतीय बनलें। ओहिजा, केंद्रीय खेल मंत्री अनुराग ठाकुर दोहा डायमंड लीग में नीरज के जीत पs बधाई देले बाड़ें।

नीरज चोपड़ा के छव थ्रोः-

  • पहिला- 88.67 मीटर
  • दूसरा- 86.04 मीटर
  • तीसरा- 85.64 मीटर
  • चउथा- फाउल
  • पांचवां- 84.37 मीटर
  • छठवां- 86.52 मीटर

पिछले साल के विजेता रहलें तीसरा स्थान पs 

बता दीं कि रजत पदक विजेता चेक गणराज्य के जैकब वडलेज्च 88.63 मीटर के थ्रो फेंकलें। ऊ दूसरा स्थान पs रहलें। ऊ नीरज से चार सेंटीमीटर पीछे रह गइलें। वाडलेज्च टोक्यो ओलंपिको में रजत पदक जीतले रहस था। ऊ पिछला साल दोहा डायमंड लीग में 90.88 मीटर भाला फेंकके रजत पदक जीतले रहस। ओहिजा, मवजूदा विश्व चैंपियन एंडरसन पीटर्स, जे पिछला साल इहां 93.07 मीटर थ्रो के संगे इवेंट जीतले रहस, ऊ अबकी बेर 85.88 मीटर तक भाला फेंक सकलें आ तीसरा स्थान पs रहलें।

90 मीटर भाला फेंके के लक्ष्य

दोहा चरण डायमंड लीग में 14 एकल-दिवसीय चरणन में से पहिला हs, जवना के समापन यूजीन, यू.एस.ए. में सितंबर में सीजन-एंडिंग फिनाले में होला। एह जीत से नीरज चोपड़ा के आत्मविश्वास मिली। एसे ऊ विश्व चैंपियनशिप में आपन मजबूत दावेदारी प्रस्तुत कs सकिहें। एकरा पहिले, बियफे के एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस में ऊ कहले रहस कि दोहा एगो अइसन स्टेडियम हs जवन 90 मीटर थ्रो के अनुकूल बा। एह साल उनकर लक्ष्य होई की ऊ 90 मीटर तक थ्रो करस।

537880cookie-checkDoha Diamond League में भारत के बजल डंका, Neeraj Chopra 88.67 मीटर भाला फेंक हासिल कइलें जीत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.