Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

GIS 2023: आजु होई लखनऊ मे रोड शो, 50 हजार करोड़ से अधिक के निवेश प्रस्तावन प लागी मुहर

लखनऊ में ग्लोबल इंवेस्टर्स समिट के तहत रोड शो के आयोजन कइल जा ता। एमे बड़हन निवेश प्रस्तावन प मुहर लगवले के पूरा संभावना बा। 

4,873

ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट के तहत आजु लखनऊ में रोड शो के आयोजन कइल जाता। औद्योगिक विकास मंत्री नंद गोपाल गुप्ता नंदी बतवलन कि शहीद पथ स्थित एगो होटल में आयोजित होखे वाला रोड शो में करीब 50 हजार करोड़ से अधिक के निवेश प्रस्ताव प्राप्त होखे के पूरा संभावना बा।

रोड शो के फिक्की के चेयरमैन प्रतीक मिश्रा, अपर मुख्य सचिव औद्योगिक विकास अरविंद कुमार, सीईओ इन्वेस्ट यूपी अभिषेक प्रकाश, केंट आरओ के चेयरमैन महेश गुप्ता, क्रिस्टल ग्रुप के नंद किशोर अग्रवाल, पसवाड़ा पेपर्स के अरविंद कुमार, हल्दीराम समूह के संजय सिंघानिया, चेयर कनाडा इंडिया फाउंडेशन के सतीश ठाकुर संबोधित करिहे।

436160cookie-checkGIS 2023: आजु होई लखनऊ मे रोड शो, 50 हजार करोड़ से अधिक के निवेश प्रस्तावन प लागी मुहर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.