[the_ad_group id="30365"]

यूपी में बनी 386 उपस्वास्थ्य केंद्र : 52 अयोध्या में अउर गोरखपुर में बनी 50 सेंटर, एक अरब 17 करोड़ रुपया जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में 386 उप स्वास्थ्य केंद्र बनी जेमें हेल्थ एंड वेलनेस कक्ष भी होई। एकरे खातिर शासन के ओर से एक अरब 17 करोड़ 42 लाख रुपया जारी कs दिहल गइल बा। शासन महानिदेशक परिवार कल्याण के जल्दी से जल्दी काम शुरू करावे के निर्देश भी दिहले बानें।

प्रदेश में चालू वित्तीय वर्ष में 1008 उप स्वास्थ्य केंद्र बनावल जाए के बा। एकरे खातिर सब जिला से निशुल्क जमीन उपलब्ध करावे के निर्देश दिहल गइल रहे। अब ले 14 मंडल के 26 जिला में 386 उप स्वास्थ्य केंद्र खातिर जमीन मिलल बा। एह जिला में उप स्वास्थ्य केंद्र बनावे खातिर बजट जारी कs दिहल गइल बा। हर केंद्र खातिर 30 लाख 42 हजार रुपया स्वीकृत कइल गइल बा। उपकेंद्र में दिव्यांगन खातिर रैंप अउर बाथरूम भी बनावल जाई। भवन निर्माण के प्रशासनिक अउर वित्तीय स्वीकृति के बाद शासन के ओर से सचिव परिवार कल्याण महानिदेशक के निर्देश दिहले बानें कि भवन बनावत समय रेन वॉटर हार्वेस्टिंग के भी व्यवस्था कइल जाई।

कहां-कहां बनी केतना उपस्वास्थ्य केंद्र

अयोध्या में 52, गोरखपुर में 50, आगरा में 19, मथुरा में 25, फिरोजाबाद में चार, हाथरस में 33, मेरठ में छह, गाजियाबाद में आठ, सहारनपुर में चार, शामली में तीन, मुरादाबाद में 22, कानपुर में आठ, कानपुर देहात में सात, बस्ती में 18, संतकबीरनगर में नौ, हरदोई में चार, सीतापुर में 10, उन्नाव में 12, पडरौना में 16, अंबेडकरनगर में 10, सुल्तानपुर में 17, वाराणसी में चार, जौनपुर में पांच, प्रतापगढ़ में 15, आजमगढ़ में पांच अउर देवीपाटन में 20 उपस्वास्थ्य केंद्र बनी
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]