Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीएम योगी गोरखपुर-महराजगंज में कइलें बाढ़ के हवाई सर्वेक्षण, बोललें- जनता के सेवा के तत्पर बा सरकार

644

अक्तूबर में पहिला बेर असमय बाढ़ के त्रासदी के सामना हम सब के करे के पड़ रहल बा। आपदा के चुनौती के मजबूती से सामना करत केंद्र अउर राज्य के डबल इंजन सरकार जनता के सेवा में जुटल बा। बाढ़ प्रभावित हर व्यक्ति के हर संभव सहायता उपलब्ध करावल जा रहल बा। एहमें कौनो तरह के कमी नाइ होखे देहल जाई।

ई बात उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्य नाथ कहलें। शुक्क के सुबह पहिले महराजगंज अउर फिर गोरखपुर के हवाई सर्वेक्षण कइलें। उ पहले महराजगंज जिला के निरक्षण कइलें। ऊ पीड़ित के राहत सामाग्री वितरित करे वाला लोग से मुलाकात कइलें। उ बाढ़ पीड़ित से बहुत आत्मीयता से बातचीत कइलें, उनकर दुख-दर्द साझा कइलें। खुद अपने हाथ से राहत सामग्री सौंपलें अउर भरोसा दिहलें कि हर संकट में सरकार उनके संगे ठाढ़ बा। बाढ़ आपदा में भइल उनके हर नुकसान के भरपाई कइल जाई।

मुख्यमंत्री कहलें कि बाढ़ पीड़ितन के मदद खातिर केंद्र अउर राज्य के सरकार हर तरह के सहायता खातिर प्रशासन के पर्याप्त धन अउर सामग्री उपलब्ध करा देहले बानें। जौने घर में पानी लगले से भोजन बनावे के व्यवस्था नाइ हो पावत बा, उहां भोजन के पैकेट पहुंचावल जा रहल बा अउर जहां भोजन बन सकsता उहां पर्याप्त मात्रा में राशन किट के व्यवस्था कइल गइल बा।

मुख्यमंत्री कहलें कि प्रशासन के निर्देशित कइल गइल बा कि जौन लोग बाढ़ के पानी में पूरा तरह गिरल बा, उनके अतिरिक्त नौका के व्यवस्था कs के सुरक्षित स्थान पर पहुंचावल जाई। ऊ कहलें कि संकट के एह घड़ी में सब जनप्रतिनिधि अउर प्रशासन के अधिकारी जनता के सेवा में लागल बानें। मुख्यमंत्री कहलें कि बाढ़ पीड़ितन खातिर पर्याप्त मात्रा में खाद्यान्न अउर अन्य सामग्री के वितरण करावल जा रहल बा।

355570cookie-checkसीएम योगी गोरखपुर-महराजगंज में कइलें बाढ़ के हवाई सर्वेक्षण, बोललें- जनता के सेवा के तत्पर बा सरकार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.