[the_ad_group id="30365"]

प्रदेश में खुली 94 ब्लॉक पब्लिक हेल्थ सेंटर, मरीजन के इलाज मुहैया करावे के नया रणनीति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में ग्रामीण चिकित्सा व्यवस्था के दुरुस्त करे खातिर लगातार प्रयास कइल जा रहल बा। एकरे खातिर अब प्रदेश में 94 ब्लॉक पब्लिक हेल्थ सेंटर खुली। उप मुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक बतवलें कि प्रदेश में पहिला बेर ब्लॉक पब्लिक हेल्थ यूनिट बनावल जा रहल बा। जल्दिए एकरे खातिर भवन निर्माण शुरू होई। ई सब यूनिट सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र से संबद्ध होई। एकरे खातिर नेशनल हेल्थ मिशन (एनएचएम) धनराशि जारी क देहल गइल बा। हर यूनिट खातिर लगभग 48.95 लाख रुपया के हिसाब से कुल 46 करोड़ एक लाख 30 हजार रुपया जारी कइल गइल बा। एकर पहिला किस्त के 2300.18 लाख रुपया जारी कइल गइल बा। भवन के निर्माण आवास विकास परिषद, प्रोजेक्ट्स कॉर्पोरेशन, राज्य निर्माण अउरी श्रम विकास सहकारी संघ करी।
उप मुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक बतवलें कि नया रणनीति से सुपर स्पेशलिटी अस्पतालों में सामान्य बीमारी से पीड़ितन के दबाव कम होई। ब्लॉक पब्लिक हेल्थ यूनिट में मरीजन के प्राथमिक स्तर के इलाज मिल सकी। एमें डॉक्टर से ले के पैरामेडिकल स्टाफ तक होई। दवाई, पैथोलॉजी अउरी दूसर जांच के सुविधाएं उपलब्ध होई। एह सेंटरन में इलाज पूरा तरह से मुफ्त होई। इहां के गंभीर मरीज के उच्च सेंटर रेफर कइल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]