[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में 5 एंबुलेंस माफियन पs लागल गैंगस्टर: BRD से मरीजन के जबरदस्ती प्राइवेट अस्पतालन में करावत रहले सs भर्ती, फेर असूलत रहs सs मोट रकम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में एम्बुलेंस माफियन के कमर तुड़े खातिर बड़ कार्रवाई भइल बा। पुलिस एम्बुलेंस माफिया गैंग के 5 सदस्यन पs गैंगस्टर एक्ट के तहत केस दर्ज कइले बिया। ई सब गैंग बनाके बीआरडी मेडिकल कॉलेज से मरीजन के एम्बुलेंस से प्राइवेट नर्सिंग होम में भर्ती करावत रहले सs। एकरा एवज में ई गैंग मरीजन आ ओकरा परिजनन से मोट रकम असूल करत रहs सs।

बीतल दिनन एह बदमाशन के पुलिस गिरफ्तार कs के जेल भेजले रहे। गैंग के कमर तुड़े खातिर गुलरिहा पुलिस के SSP डॉ. गौरव ग्रोवर निरदेस देले रहस। जवना के बाद पुलिस एह बदमाशन के क्राइम कुंडली निकालके एकनी पs गैंगस्टर एक्ट के तहत कार्रवाई खातिर डीएम से अनुमति मंगलस। डीएम के संस्तुति मिलतही पुलिस बदमाशन के खिलाफ गैंगस्टर एक्ट के तहत केस दर्ज कइले बिया।

रिजवान हs गैंग लीडर

पुलिस के मोताबिक, एम्बुलेंस माफिया गैंग लीडर रिजवान हs। रिजवान चिलुआताल इलाका के फत्तेपुर के रहे वाला बा। ओकरा गैंग में चार आउर सदस्य सामिल बा लो। जेमे रियासुद्दीन निवासी फत्तेपुर डीहवा थाना चिलुआताल, मो. अक्सीम निवासी फत्तेपुर चिलुआताल, औरंगजेब निवासी मिर्जापुर थाना चिलुआताल आ आसिफ अली उर्फ गोलू निवासी फत्तेपुर थाना चिलुआताल हs।

बदमाशन पs पहिले से दर्ज बा केस

एह गैंग के लोगन में एतना खौफ बा कि ई लोग मरीजन के जबरिया पकड़के बीआरडी मेडिकल कॉलेज से ले जाके दोसर प्राइवेट अस्पतालों में भर्ती करावेला लो। बीतल दिनन एह गैंग पs कार्रवाई करत पुलिस केस दर्ज कs के सभे के गिरफ्तार कइले रहे। पुलिस के मोताबिक, गैंग लीडर रिजवान सहित गैंग के सब सदस्यन पs पहिले से दु-दु केस दर्ज बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]