[the_ad_group id="30365"]

मशरक में हर्षोल्लास के संगे समारोह पूर्वक मनल होम्योपैथ के प्रणेता हैनिमैन के 268वीं जयन्ती 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण): मशरक-मलमलिया मुख्य पथ राम जानकी पथ- 227ए पs इस्थित डॉo के के सिंह के क्लीनिक आचार्य विश्वनाथ तिवारी कॉम्प्लेक्स यदु मोड़ मशरक के लगे होमियोपैथी के प्रणेता महात्मा हैनिमैन के 268 वीं जयंती समारोह हर्षोल्लास के संगे आयोजित भइल।

एह कार्यक्रम के अध्यक्षता ऑर्गेनाइजेशन फॉर होमियो मिशन के राष्ट्रीय अध्यक्ष डॉ के के सिंह कइलें। कार्यक्रम के संबोधित करत डॉक्टर के के सिंह कहलें कि जहां बाकी चिकित्सा पद्धति  मनुष्य के टुकड़न में विभाजित कs के अलग-अलग अंगन पs आपन विशेषज्ञता के दावा करेले, उहवां होमियोपैथी अविभाजित मनुष्य के इलाज करेले। प्रकृति के इहे स्वरूप बा, इहे स्वभाव बा कि कवनो जीव के ओकरा अंगन के बनावट से ना, ओकर मूल स्वभाव, जवन ओकरा होखला माने बीइंग के द्योतक हs, से समझल जाये। एहिसे, एह चिकित्सा पद्धति के एकल औषधि से मनुष्य के अंग-प्रत्यंगन में अन्तर्भूत सब बेमारियन के उन्मूलित करे के गौरव प्राप्त बा। एतना उपयोगी आ प्राकृतिक पद्धति के महामारियन के चिकित्सा से दूर रखल, अस्पतालन में रोजगार के अवसर में भेदभावपूर्ण हिस्सेदारी आ शराबबंदी के झूठ सफलता के ढिंढोरा पीटे खातिर होम्योपैथी के जहरीला साबित करे के नाकाम कोसिस प्रकृति के संगे एगो क्रूर मजाक बा।ऑर्गेनाइजेशन फॉर होमियो मिशन होमियोपैथी आ एकरा कर्मियन के अधिकारन के सुरक्षा खातिर प्रतिबद्ध बा।

समारोह के संबोधित करे वालन में मशरक इकाई के अध्यक्ष डॉ हरेन्द्र द्विवेदी, डॉ मनोज कुमार सिंह, डॉ रामाधार ठाकुर, डॉ आर के सिंह, डॉ शेषनाथ कुमार, डॉ दसईं तिवारी, डॉ काशीनाथ महतो, डॉ चंदेश्वर सिंह, डॉ बालेश्वर शर्मा, डॉ जितेन्द्र सिंह निराला, डॉ मोहन कुमार सिंह आ उपस्थित प्रतिभागियन में डॉ जयंत कुमार, डॉ राजेश कुमार, पिंटु सिंह, सुरेश राय, रिंकी कुमारी, मनीषा कुमारी, अमित कुमार आदि मुख्य रहे लो।

कार्यक्रम के संचालन मशरक इकाई के उपाध्यक्ष डॉ त्रिभुवन सिंह कइलें, जबकि धन्यवाद ज्ञापन डॉ जितेन्द्र सिंह कइलें।

साभार: मशरक न्यूज

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]