[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर-अयोध्या पैसेंजर ट्रेन चलले से यात्रियन के राहत, लोग जतावल खुशी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर से अयोध्या जंक्शन ले जाए वाली पैसेंजर ट्रेन के यात्रियन के समस्या के देखत शुक्रवार से फिर से संचालित कर दिया है। एहसे यात्रियन के अब काफी सहूलियत मिली। ई पैसेंजर ट्रेन दू दिसंबर से रद्द चलत रहल।

उहवें, बस्ती से प्रयागराज जाए वाली मनवर संगम एक्सप्रेस के सथही गोरखपुर से गोंडा जाए वाली पैसेंजर ट्रेन 2 दिसंबर से रेलवे बोर्ड के आदेश से निरस्त चल रहल बा। जेसे ट्रेन से सफर करे वाले यात्रियन के अइले गइले में मुश्किल के सामना करे के पड़ल बा।

रेलवे बोर्ड के ओर से कोहरा के कारण बता के गोरखपुर से गोंडा जाए वाली पैसेंजर ट्रेन के 31 दिसंबर ले अउर मनवर संगम एक्सप्रेस ट्रेन के आवे वाला एक मार्च ले निरस्त कइल गइल बा। एहसे बस्ती से मनकापुर, अयोध्या, सुल्तानपुर, प्रतापगढ़ से प्रयागराज ले यात्रा करे वाले यात्रियन के अब मुश्किल के सामना करे के पड़ रहल बा।

बभनान बाजार के शुभम जायसवाल, गौर बाजार के अजय गुप्ता बतवलें कि रेल मंत्रालय गोरखपुर-अयोध्या पैसेंजर ट्रेन चला के छोट रेलवे स्टेशन से यात्रा करे वाले यात्रियन के तनी राहत देहले बा। लेकिन गोरखपुर-गोंडा पैसेंजर ट्रेन के बंद होखले से व्यापारो प्रभावित हो रहल बा।

पहिले छोट व्यापारी पैसेंजर ट्रेन से आपन खरीदारी क के आसानी से व्यापार कs लेत रहनें, लेकिन अब ट्रेन के निरस्त होखले से लोग के बड़ शहर में जाए खातिर नगदे परसानी उठावे के पड़ रहल बा।

प्रयागराज में रह के प्रतियोगी परीक्षा के तैयारी कs रहल छात्र विनय यादव, शिवम सिंह, वर्षा श्रीवास्तव बतावल कि मनवर संगम एक्सप्रेस ट्रेन के निरस्त होखले से सबसे ढ़ेर दिक्कत छात्र-छात्रा लोग के हो रहल बा।

पूर्वोत्तर रेलवे गोरखपुर के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह बतवलें कि गोरखपुर से अयोध्या ले जाने वाली पैसेंजर ट्रेन के यात्रियन के समस्या के देखत रेलवे बोर्ड के निर्देश पर फिर से संचालित कs दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]