[the_ad_group id="30365"]

कश्मीर में 24 घंटा के भीतर सुरक्षाबल पs दुसरका आतंकी हमला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आतंकवादी सब कश्मीर घाटी में पिछिला 24 घंटा के भीतर सुरक्षाबल पर दुसरका आतंकी हमला कइले बाने सब। ई हमला आजु मंगलवार के दक्षिण कश्मीर के शोपियां जिले के हरपोरा बटागुंड इलाका में भइल। आतंकवादी सब इहाँ अल्पसंख्यक गार्ड के निशाना बनवले के प्रयास कइलस। गनिमत ई रहल कि सुरक्षागार्ड एह हमला में बाल-बाल बच गइलें। उहवें एह हमला के तुरंत बादे हमलावर आतंकी उहवाँ से फरार हो गइल। उहवें मौका पर पहुंचल एसओजी, सेना अउर सीआरपीएफ के जवान पूरा इलाका के घेराबंदी कs के आतंकियन के तलाश शुरू कs देहले बा।

पुलिस के कहनाम बा कि आतंकवादी सब जब गार्ड पर हमला कइलें त ऊ काफी दूर रहल। आतंकवादी सब के निशाना चूक गइल। एही बीच गार्ड गोली के आवाज सुन के चौकस हो गइल अउर ऊ आतंकवादी सब पर जवाबी फायरिंग शुरू कs देहलस। गार्ड के फायरिंग के तुरंत बादे हमलावर उहवाँ से फरार हो गइल। एही बीच गोलीबारी के आवाज सुनके एसओजी, सेना अउर सीआरपीएफ के संयुक्त दल घटनास्थल पर पहुंच गइल अउर ऊ आतंकियन की तलाश में सर्च ऑपरेशन चलावे लगने।

आपके बता देई कि एसे पहिले गत सोमवार के आतंकवादी सब दक्षिण कश्मीर के पुलवामा में आतंकी सब रेलवे प्रोटेक्शन फोर्स (आरपीएफ) के दू निहत्था पुलिसकर्मियन पs पीछे से हमला कइलस। एमें हेड कांस्टेबल बलिदान अउर असिस्टेंट सब इंस्पेक्टर गंभीर रूप से घायल हो गइनें। सुरक्षाबल आतंकियन के पकड़े खातिर पूरा इलाका में घेराबंदी कs के तलाशी अभियान चलवलस लेकिन आतंकियन के कौनो अता-पता नाइ लाग पावल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]