[the_ad_group id="30365"]

सीएम योगी जनता दरबार में सुनलें फरियाद, बच्चवन के देहलें चॉकलेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखनाथ मंदिर में बुधवार बिहाने आयोजित जनता दरबार में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, महिला फरियादियन के गोद में बच्चवन के देखके खुद के रोक नाइ पवले। पहिले बच्चवन के गोद में उठा के उनके दुलरवलें, चाकलेट देहलें फिर महिला लोग से प्रार्थनापत्र लेके उनकर समस्या सुनलें।

करीब दू घंटा ले सीएम योगी जनता दर्शन में मौजूद रहलें। करीब एक हजार फरियादियन के भीड़ में एक-एक फरियादी तक खुद जाके उनकर पीड़ा सुनलें, ओकरे बाद त्वरित निराकरण के निर्देश अधिकारियन के देहलें। उ दू टूक कहलें, निस्तारण संतुष्टिपरक होखें के चाहीं ताकि कौनो भी फरियादी एक्के समस्या खातिर बेर-बेर परेशान न होखें। एह दौरान उनकर नजर जब फरियादियन के गोद में बइठल लइकन पर पड़ल त उनके दुलरवनें, आशीर्वाद देहलें अउरी चॉकलेट देके उनके चेहरा पर मुस्कान बिखेर देहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]