[the_ad_group id="30365"]

जहरीला सांप के कटले से 16 बरिस के छात्रा के इलाज के दौरान मृत्यु

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खजनी तहसील अंतर्गत बढ़नी गांव निवासी सबीना खातून उम्र 16 बरिस के पुत्री अजीमुल्ला आदर्श इंटर कॉलेज हरदी चक ईग्रहवी के छात्रा रहली। काल्ह साँझ 6:00 बजे घर में रखल छज्जा पर कंडा निकाले खातिर गइल रहे जइसही सज्जा पर से कंडा निकालत रहे। तब्बे एगो जहरीला सांप दाहिने हाथ में डंक मरलस। सबीना के लागल चींटी  काट लिहलस। फेर दोबारा कंडा निकाले लगली। तब्बे जहरीला सांप ओही हाथ पर दू बेर डंक मरलस, जेसे दाहिने हाथ पर 4 दांत के निशान हो गइल।

परिवार वाले आनन-फानन में जिला अस्पताल ले गइल। इलाज के दौरान डॉक्टर सबीना खातून के मृत्यु घोषित कs देहलें। घर वाले सबीना खातून को लेकर गांव पर पहुंचे सुबह दफनावे के तैयारी करत रहलें। घर वाले बतवलें कि हमनी के ग्राम सभा में हमनी खातिर कब्रिस्तान ना होखला के कारण अपने खेत में ही दफनावल जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]