[the_ad_group id="30365"]

लखीमपुर खीरी में भइल बड़ सड़क हादसा, डीसीएम अउरी बस में भीषण टक्कर, आठ लोग के मौत, कई लोग घाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के लखीमपुर खीरी जिला में बड़हन सड़क हादसा भइल बा। हादसा में कई महिला समेत आठ यात्रियन के मौत हो गइल। घटना में कई लोग घाही भी भइल बाने। घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। जेमें से कई लोग के हालत गंभीर बनल बा।

जानकारी के अनुसार, लखीमपुर खीरी जिला में पीलीभीत बस्ती हाईवे पर शारदा पुल के पास बस अउरी डीसीएम के आमने सामने के भीषण टक्कर भइल बा। दर्दनाक हादसा में कई लोग घायल हो गइल बानें। आठ लोग के मौत भी हो गइल बा। मरे वालन के संख्या में इजाफा हो सकsता। कई घायलन के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा।

मौका पर पहुंचल पुलिस शव के कब्जा में ले के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहले बा। उहवें, घायलन के अस्पताल में इलाज चल रहल बा। हादसा के बाद चीख-पुकार मच गइल। उहवें, सूचना मिलले पर घटनास्थल पर जिलाधिकारी अउर पुलिस अधीक्षक पहुंच के जायजा लिहले।

जानकारी के मुताबिक, निजी बस बुध के बिहाने आठ बजे के करीब धौरहरा से लखीमपुर खातिर रवाना भइल रहे। उहवें डीसीएम लखीमपुर से बहराइच के ओर जात रहे। टक्कर एतना भीषण रहल कि निजी बस के परखच्चा उड़ गइल, उहवें डीसीएम पलट गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]