[the_ad_group id="30365"]

पंडाल सजा रहल 5 के कार रउदलस…2 के मौत: छपरा में 3 लईकन के हालत गंभीर; सभे के उमिर 13 से कम बा 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में दुर्गा पंडाल सजा रहल 5 लईकन के कार रउद देलस। हादसा में 2 के मौके पs मौत हो गइल। 3 लईकन के हालत गंभीर बा। घायलन के इलाज जारी बा। हादसा के बाद कारो पलट गइल। लोग ड्राइवर के पकड़के पुलिस के हवाले कs देलस। लईकन के मौत के बाद परिवार के गुस्सा जमके फूटल। परिवार ग्रामीण लोगन के संगे छपरा-सीवान मुख्य मार्ग पs जाम लगा दिहल लो।

हादसा सोमार के देर साँझ रिविलगंज थाना क्षेत्र के मेथावलिया जलालपुर में भइल। मंगर के शव पहुंचतही परिजनन में कोहराम मच गइल।

आक्रोशित लोग छपरा-सीवान मुख्य मार्ग के जाम कs दिहल। मृतकन के पहचान रिविलगंज थाना क्षेत्र के मेथावलिया गांव निवासी सोहित कुमार (11 वर्ष) पिता – नागेंद्र राय आ कृष कुमार (8 वर्ष) पिता – सुरेश राय के रूप में भइल। गंभीर रूप से घायल मेथावलिया निवासी रोहित कुमार (13 वर्ष) पिता – जितेंद्र सिंह, विक्की कुमार (12 वर्ष) पिता – महेश सिंह के रूप में भइल। टक्कर मरला के बाद कार पलट गइल। एने चालक के ग्रामीण लोग पकड़के पुलिस के हवाले कs दिहल।

सीवान-छपरा मुख्य मार्ग पर लाइट-झंडा बांधने का हो रहा था काम

घटना के बारे में स्थानीय लोग बतावल कि सोमार के देर साँझ मेथावलिया गांव के लईका दुर्गा पूजा के तईयारी करत रहे लो। तइयारी के दौरान सीवान-छपरा मुख्य मार्ग पs लाइट आ झंडा बान्हे के काम चलत रहे। एही दौरान सीवान से तरफ से आ रहल मारुति स्विफ्ट कार लईकन के रउदत सड़क के किनारे पलट गइल। कार पलटला के बाद ग्रामीण लोग वाहन चालक के पकड़ के पुलिस के हवाले कs दिहल।

दुर्घटना में घायल सब लईकन के आनन-फानन में इलाज खातिर सदर अस्पताल छपरा में भर्ती करावल गइल।  उहां से प्राथमिक उपचार के बाद स्थिति के गंभीर देखत बेहतर इलाज खातिर पीएमसीएच रेफर कs दिहल गइल बा। ओहिजा इलाज के दौरान दुनो के सोमार के देर रात मौत हो गइल। मंगर के पुलिस द्वारा पोस्टमार्टम करा शवन के परिजनन के सौंप दिहल गइल।

गांव में शव पहुंचतही कोहराम मच गइल। आक्रोशित लोग एनएच-85 के जाम कs दिहल। घंटन तक मुख्य मार्ग के जाम राखल गइल, जवना से वाहनन के लमहर कतार लाग गइल। दुपहरिया के 1 बजे के करीब जाम खतम भइल।

साभार: भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]